पानी व्यवस्थापन के माग करत नेपाल रिटर्नी एशोसिएशन (समाजवादी)बारा परवानीपुर गा.पा के बुझवलख ज्ञापनपत्र
पानी व्यवस्थापन के माग करत नेपाल रिटर्नी एशोसिएशन (समाजवादी)बारा परवानीपुर गा.पा के बुझवलख ज्ञापनपत्र

वीरगंज २४ जेठ
नेपाल रिटर्नी एशोसिएशन (समाजवादी) बारा परवानीपुर गाँवपालिका के खानेपानी के व्यवस्थापन आ सहज करेके माग राखत ध्यानाकर्षण पत्र बुझवले बा ।
परवानीपुर गाँवपालिका मे बितल एक महिना से खानेपानी के कमी से जनजिवन कष्टकर बनत गईला के चलते नेपाल रिटर्नी एशोसिएशन(समाजवादी) बारा के जिल्ला सदस्य सुरेन्द्र प्रसाद कुर्मी के नेतृत्व मे वियफे के दिने गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्राण मेहता के ध्यानाकर्षण पत्र बुझवले बा । ध्यानाकर्षण पत्र मे वार्ड मे रहल डिप बोरीङ्ग के उचित व्यवस्थापन सहित ५ दिन भितर संचालन मे लियावे के माग सहित ज्ञापन पत्र बुझावल जिल्ला सदस्य कुर्मी बतवनी ।
२०८० के बैशाख जेठ मे भईल गर्मी के चलते पालिका से परवानीपुर गा.पा के ५ गो वार्ड भर डिप बोरीङ्ग कईल रहे । माकिर डिप बोरीङ्ग कईला पर भी उचित व्यवस्थापन ना भईला से अभी बन्द रहल गा.पा वार्ड ५ बहुअरी टोल मे रहल बोरीङ्ग जिर्ण बनत गईल बा ।
बन्द डिप बोरीङ्ग के संचालन मे लियावेके भा उचित व्यवस्थापन करे खातिर ज्ञापनपत्र प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मेहता के बुझावल नेपाल रिटर्नी एशोसिएशन(समाजवादी)बारा के अध्यक्ष अनिल कुमार साह बतवनी । नेपाल सरकारद्वारा तोकल ऐन कानुन मुताविक भईला पर भी स्थानीयवासी के खानेपानी सहज तरिका से पुगो कहके उदेश्य से अगाडि बढेके परल अध्यक्ष साह बतवनी ।
नेपाल एकिकृत समाजवादी परवानीपुर गा.पा अध्यक्ष रामेश्वर प्रसाद पटेल, नेपाल एकिकृत समाजवादी परवानीपुर गा.पा युवा संघ के अध्यक्ष सागर पटेल, मनोज पटेल, जटाशंकर पटेल, सनी साह, भरोस पटेल, लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।






