नदी मे डुब के पर्सा मे एक किशोर बेपत्ता

वीरगंज १५ असाढ

पर्सा के पोखरिया नगरपालिका मे खोला मे डुब के एक किशोर बेपत्ता भईल बाडन । पोखरीया–९, शिववर्वा के १४ बरीस के राजु महतो तत्मा बेपत्ता भईल बाडन ।

पोखरीया–७ रानीगंज आ रहरीया गाँव के बीच मे बहेवाला धुताहा खोला से उनका के दहवावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी । गाँव के एक जने के लास सद्गत के खातिर दाहसंस्कार मे गईल उ नहाएके समय मे पौने ३ बजे बेपत्ता भईल प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाडन ।

खोजतलास के खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया से ७ जने, विपद् व्यवस्थापन गुल्म से प्रहरी निरीक्षक के नेतृत्व मे १३ जने आ सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक के कमाण्ड मे ५ जने के टोली खटल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।