हिन्दू स्वयंसेवक संघ वीरगंजद्धारा राम जानकीमठ आ छठघाट मे वृहत सरसफाई

हिन्दू स्वयंसेवक संघ वीरगंजद्धारा राम जानकीमठ आ छठघाट मे वृहत सरसफाई

वीरगंज २६ जेठ

हिन्दू स्वयंसेवक संघ नेपाल वीरगंज श्रीपुर रानीघाट स्थित रामजानकीमठ आ छठघाट मे वृहत सरसफाई कईले बा ।
मंगर के रात आईल आँधी आ पानी से मठ प्राङ्गण मे फुहर जम्मा भईल आ मन्दिर भी कुरुप लउके लागला के बाद वृहत सरसफाई कईल हिन्दू स्वयंसेवक संघ वीरगंज के राजा गुप्ता बतवनी । संघ के दु दर्जन से बेसी स्वंयसेवकलोग जय श्री राम के नारा सहित हमनी के मन्दिर, हमनी के धर्म संस्कृति, हमनी के गौरव के नारा लगावत सरसफाइ कईले रहलन ।
हिन्दू स्वयंसेवक संघ नेपाल वीरगंज आपन धर्म संस्कृति के संरक्षण करे खातिर सेवा काम के अगाडि बढावत हरेक मठ मन्दिर मे सरसफाई तथा व्यवस्थापन अभियान सुरु करेके संघ के गुप्ता बतवनी ।
नेपाल के आपन माई जईसन बुझत स्वयंसेवक संघ के युवालोग आजु से हरेक मठ मन्दिर सरसफाई तथा व्यवस्थापन काम करेके बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।