रौतहट मे पेस्तोल आ गोली बरामद
रौतहट मे पेस्तोल आ गोली बरामद

रौतहट २७ जेठ
जिल्ला के चन्द्रपुर नगरपालिका–४ मे एतवार के दिने पुलीस एकथान पेस्तोल आ गोली बरामद कईले बा । स्थानीय सूचना देहला के बाद पुगल पुलीस बेवारिसे अवस्था मे पेस्तोल मिलल बा ।
हथियार देखल गईल सूचना मिलला के बाद ईलाका प्रहरी चन्द्रनिगाहपुर से प्रहरी निरीक्षक सुरेन्द्र विक्रम बर्तौला के कमाण्ड के टोली चन्द्रपुर–४ स्थित मुस्लीमटोल नजिक पुगके रास्ता मे बिगल अवस्था मे एकथान पेस्तोल आ गोली बरामद कईले बा । स्थानीय मोहम्मद अफरोज आलम आपन घर सँगे जुडल श्रीनिवास पटेल के खाली जमिन सफा करेके समय मे झाडी मे सिमेन्ट के बोरा से लपेटके राखल कटुवा पेस्तोल देखला के बाद पुलीस के खबर कईले रहलन । बोरा भितर के पेस्तोल मे गोली लोड कईल अवस्था मिलल पुलीस जनवले बा ।
ईलाका प्रहरी चन्द्रनिगाहपुर के डीएसपी गौरव महत हथियार केकर ह कहके अभी तक खुले ना सकल बतवनी । ‘हमनी अनुसन्धान करत बानी,’ कहत उ, ‘एक हप्ता पहिले केहु हथियार लियाके बिगल हो सकता ।’ पुलीस हथियार बरामदी मुचुल्का करके कार्यालय मे लिआईल बा । पुलीस हथियारबारे कुछ स्थानीय से पुछपाछ कईले रहे ।





