वीरगंज मे लागूऔषध सहित ३ जने पकडईलें
वीरगंज मे लागूऔषध सहित ३ जने पकडईलें

वीरगंज ०५ असाढ
पर्सा पुलीस लागूऔषध सहित वीरगंज से ३ जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे कास्की पोखरा महानगरपालिका–३ के २० बरीस के सरोज रानामगर, २० बरीस के अनुप थापा क्षेत्री आ बारा जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–१६ के २० बरीस के कुशल मगर बाडन ।
उलोग के पुलीस मंगर के दिने करिब साढे ३ बजे वीरगंज महानगरपालिका–१६ शंकरचार्य गेट से लागूऔषध नियन्त्रण ब्युरो शाखा कार्यालय पर्सा आ ईनर्वा प्रहरी चौकी से खटल संयुक्त प्रहरी चेकिङ टोली नियमित जाँच करेके समय मे पकडले बा ।
शंकास्पद रुप मे भारत से पैदल चलके आ रहल उलोग के पुलीस रोक के चेकजाँच कईला पर अनुप थापा क्षेत्री के साथ मे रहल लाल झोरा भितर चोरालुका के राखल प्रतिबन्धित लागूऔषध डाईजेपाम–४० एम्पुल, फेनारगन–४० एम्पुल, नुरफिन–४० एम्पुल मिलल रहे ।
उलोग के नियन्त्रण मे लेके लागूऔषध सम्बन्धी कसूर मे आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता डीएसपी दीपक भारती जानकारी देहले बाडन ।






