मानव बेचबिखन के आरोप मे बारा के कटुवाल पकडईलें
मानव बेचबिखन के आरोप मे बारा के कटुवाल पकडईलें

काठमाण्डु २ चईत
मानव बेचबिखन के आरोप मे एक जने आदमी पकडाईल बाडन ।
मानव बेचबिखन अनुसन्धान ब्यूरो के टोली दुबई पठावेके कहत भुलियाके कुवेत पठावेके बारा के निजगढ नगरपालिका–१ के ५० बरीस के गणेशबहादुर कटुवाल के पकडले बा ।
शुक के दिने पकडाईल कटुवाल विरुद्ध मानव बेचबिखन तथा ओसारपसार के कसुर मे ५ दिन के म्याद थप भइल ब्यूरो के प्रवक्ता तथा एसपी ज्ञानेन्दप्रसाद्र फुयाल जानकारी देहनी । दुबई के पार्लर मे आकर्षक रोजगारी देवेके कहत एक जनानी के झुक्याके कुवेत पठाके मानव बेचबखिन कईल फुयाल बतवनी । उ जनानी से भिसा प्रक्रिया तथा टिकट के खातिर १ लाख ५० हजार रोपेया कटुवाल से लेहल पुलीस जनवले बा ।
जनानी के कतार मे बन्धक बनाके भी राखल रहे । बाद मे दैनिक १८ घण्टा तक काम मे लगावल अनुसन्धान से खुलल बा । साथी के सहजोग मे भागके दूतावास पुगके उ जनानी बितल जेठ ५ गते नेपाल फिर्ता भईल रहनी ।





