बारा मे निधि अवास कार्जक्रम मे घापला, गरिब के खातिर आईल बजेट धनिक मे लगानी
बारा मे निधि अवास कार्जक्रम मे घापला, गरिब के खातिर आईल बजेट धनिक मे लगानी

प्रभु यादव
बारा ५ असाढ
बारा जिल्ला मे महेन्द्र नारायण निधि अवास करिब ६ सय के गरिब विपन परिवार के घर अवास बनावेके योजना सरकार के रहल बा । निधि अवास पालिका के सिफारिस मे गरिब आ बहुते पिछडल जनता सब के दु गो कोठरी, बरन्डा आ सिपटी बना के सम्पन्न कर के देवे के नियम रहल बा माकिर जनप्रतिनिधि लोग आपन भोट आ पार्टी कार्यकर्ता सब के खातिर धनिक लोग के देहल स्थानिय लोग के सिकायत कईले बाडन ।
अवास जिल्ला समिति के संयोजक बारा निर्वाचन क्षेत्र २ के ख से जितल मधेश प्रदेश सभा के सदस्य बच्चा राउत अहिर से जनकारी लेहला पर अपना सभे के बात जनकारी ना रहल बतावले बानी । भौतिक पूर्वाधार विकास कार्यालय बारा के प्रमुख राजेन्द्र साह से पुछला पर ईन्जिनियर रविमणी साह आ विजय यादव के जिम्मेवारी देहल गईल बतावले रहनी । रविमणी साह के मोवाईल नम्वर ९७६९७४४२९० पर फोन कईला पर ना बात करेके चहले रहनी ।
विजय यादव से जनकारी लेहला पर अपने जनता अवास के कार्जक्रम के जिमेवारी ना रहल बा निधि अवास के सभे कार्यालय प्रमुख राजेन्द्र साह के रहल बतावले बानी । निधि अवास के सम्बन्ध मे जनकारी लेवेके बा तब कार्यालय प्रमुख साह से लेवेके यादव बतावले बानी ।
गाँव गाँव मे पार्टी के कार्यकर्ता सभे के अगुवाई मे समिति बनाके ५० हजार रोपेया से ७० हजार तक लेके निधि अवास बनावेके काम कर रहल नागरिक सभे जनकारी करावले बा । निधि अवास पाँच लाख ३७ हजार के बजेट से बन रहल बा ।






