गौ हत्या लगायत के बिरोध मे प्रजिअ के ज्ञापन पत्र

गौ हत्या लगायत के बिरोध मे प्रजिअ के ज्ञापन पत्र

वीरगंज ०६ असाढ

नेपाल जनता पार्टी (नेजपा) पर्सा जिल्ला समिति गौ हत्या आ गौ तस्करी, धर्म–परिवर्तन आ सरकारी एवम निजी क्षेत्र मे हिन्दू देवी देवता के फोटो दुरूपयोग बारे मे बियफे के दिने पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी (सीडियो) दिनेश सागर भुसाल के ज्ञापन–पत्र बुझवले बा ।
हिन्दू समाज के सोझा साझा माईबाबु, भाई, दीदीबहीन के बेमारी ठिक करेके बहाना मे अनेकन प्रलोभन देवे खातिर क्रिशचन बनावेके काम हो रहला से उ समूह के पकडके कड़ा कारवाही करे खातिर नेपाल जनता पार्टी जिल्ला समिति पर्सा मांग कईले बा । बहुते धर्म–परिवर्तन समाज आ देश के खातिर बढिया संकेत ना ह ।
साथे चोरालुकाके गौ हत्या आ तस्करी हो रहल बारेमे भी सीडियो साहेब के नेजपा ध्यान आकर्षण करवले रहे । सनातन हिन्दू समाज गौ के माता के रुप मे पूजापाठ कईल जाला ।
साथे सरकारी, गैर सरकारी, निजी क्षेत्र हिन्दू देवी देवता के फोटो के दुरूपयोग कर रहल बारेमे भी ध्यानाकर्षण नेजपा करवले रहे ।
नेपाल के संबिधान से धर्म–परिवर्तन, गौ हत्या भा तस्करी, सरकारी भा निजी क्षेत्र मे हिन्दू देवी देवता के अपमान कईला पर कड़ा कानूनी कारवाही के व्यवस्था रहला से गलत काम करेवाला के कारवाही करेके माग नेजपा कईले बा ।
ध्यानाकर्षण पत्र बुझावे गईल टोली मे नेजपा के केन्द्रीय वरिष्ठ नेता संतोषानन्द महाराज, केन्द्रीय सदस्य अधिवक्ता बिनोद कुर्मी, मधेश प्रदेश समिति सदस्यलोग पारस द्विबेदी, रामप्रसाद कुर्मी, विभा साह, पर्सा जिल्ला अध्यक्ष अनिल कुर्मी, उपाध्यक्ष धीरज साह, महामन्त्री नवीन मिश्रा, जिल्ला सदस्यलोग संतोष कुशवाहा, प्रमोद शर्मा, पिउस गुप्ता, सामंत कुमार दीप सहभागी रहल रहलन ।
ज्ञापन–पत्र बुझत सीडियो दोषी के कानून बमोजिम कारवाही करेम आ आपन ओरी से रचनात्मक भुमिका निर्वाह करेम कहके बचा कईनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।