भाषा आयोग के स्थापना दिवस मे भोजपुरी टाइम्स दैनिक लगायत भाषागत पत्रपत्रिकासब सम्मानित
भाषा आयोग के स्थापना दिवस मे भोजपुरी टाइम्स दैनिक लगायत भाषागत पत्रपत्रिकासब सम्मानित

काठमाण्डु २३ भादो
भाषा आयोग के ९ वाँ स्थापना दिवस २०८१ के अवसर मे भोजपुरी टाइम्स दैनिक लगायत अनेकन ११ गो मातृ भाषा के पत्रपत्रिकासब के एतवार के दिने सम्मानित भईल बा ।
भाषा आयोग के कार्यालय सङ्खमूल, काठमाण्डु मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे पत्रपत्रिका मार्फत भाषा, संस्कार, संस्कृति के जगेर्ना करे खातिर टेवा पुगावल कहत पत्रपत्रिका के सम्मान कईले बा ।
आयोग के अध्यक्ष डा. गोपाल ठाकुर के अध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयनमन्त्री बद्रिप्रसाद पाण्डे सम्मान कईले रहलन । उ कार्जक्रम मे पर्सा जिल्ला के वीरगंज से नियमित्त रुप मे भोजपुरी भाषा मे प्रकाशित होत आईल भोजपुरी टाइम्स दैनिक के कार्यकारी सम्पादक श्रवण प्रसाद साह, किरात वाम्बुले राई भाषा मे प्रकाशित पत्रिका इक लिब्जुभुम्जु के सम्पादक गणेश राई, लिम्बु भाषा मे प्रकाशित पत्रिका तान्छोप्पा के सम्पादक अमर तुम्याहाङ, वान्तावा भाषा मे प्रकाशित पत्रिका बुङ्वाखा के सम्पादक पदम राई के सम्मान कईले बा ।
त्एहितरे डोट्याली भाषा मे प्रकाशित पत्रिका गुगुल्डि के सम्पादक वीरबहादुर चन्द, तामाङ भाषा मे प्रकाशित तामाङ डाजाङ के सम्पादक फूलकुमार बम्जन, नेपाल भाषा मे प्रकाशित पत्रिका थौकन्ह के सम्पादक रूकमणी श्रेष्ठ, बज्जिका भाषा मे प्रकाशित पत्रिका बज्जिकावल के सम्पादक दिनेशकुमार श्रीवास्तव, नेपाली भाषा मे प्रकाशित पत्रिका रचना के सम्पादक रोचक घिमिरे, चाम्लिङ भाषा मे प्रकाशित पत्रिका सितिमी के सम्पादक तिलकबहादुर राई आ थारू भाषा मे प्रकाशित पत्रिका लावा डग्गर के प्रतिनिधि भूमिका थारू के प्रमुख अतिथि मन्त्री पाण्डे सम्मानपत्र से सम्मानित कईले रहनी ।
उ कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख अतिर्थि मन्त्री पाण्डे मातृभाषा के प्रदेश आ स्थानीय तह कामकाज के भाषा बनावेके बतवले बाडन ।
भाषा आयोग के स्थापना दिवस के अवसर मे एतवार के दिने इहाँ आयोजना कईल कार्जक्रम मे उ भाषा के प्रवद्र्धन के खातिर कामकाजी भाषा के प्रयोग बढावेके बतवनी । मन्त्री पाण्डे नेपाल मे अभी भाषा के संख्या एक सय ३१ गो पुगल आ ई संख्या अभी भी थपात जाएके उल्लेख कईनी । उ ध्वनि जब तक लिपी के रूप मे ना आई तबतक लोप होखे सकेके बिचार रखनी ।
उ खुद जिम्मेवारी मे अईला के बाद अभी तक मन्त्रालय के बारे मे बुझल आ अब सुधार तथा रूपान्तरण करके अगाडि बढेके विश्वास व्यक्त कईनी । मन्त्रालय मातहत के संस्कृति, पर्यटन आ नागरिक उड्डयन क्षेत्र के सुधारके एकरा उपर विश्वास अभिवृद्धि मे सक्रिय होखेके उनकर कहनाम रहे । मन्त्री पाण्डे खुद सत्य आ निष्ठा के साथ सुधार करेके शपथ ग्रहण कईल स्मरण करत मन्त्रालय मे भईल बेथिति के सुधार के अगाडि बढेके प्रतिबद्धता जनवनी ।






