धोबीनी गाँवपालिका के १० वाँ गाँवसभा पुरा, ३९ करोड १ लाख के बजेट प्रस्तुत

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज ०४ कुवार, पर्सा के धोबीनी गाँवपालिका के १० वाँ गाँवसभा निति तथा कार्जक्रम पुरा भईल बा । गाँवसभा तीन महिना देर आईल माकिर दुरुस्त आईल ।
गाँवसभा मे चालू आर्थिक बरीस २०८१/८२ के नीति, कार्जक्रम तथा गाँवसभा से ३९ करोड १ लाख बराबर के बजेट पारित करके प्रस्तुतीकरण कईल बा ।
गाँवसभा मे धोबीनी गाँवपालिका के उपाध्यक्ष मंजु देवी पटेल के आदेशा अनुसार प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत अशोक रौनियार ३९ करोड १ लाख बराबर के अनुमानित बजेट प्रस्तुतीकरण कईले रहनी । धोबिनी गाँवपालिका के सभा हल मे भईल सभा के उदघाटन करत गाँवपालिका अध्यक्ष मदन प्रसाद चौहान हमर पहिलका प्राथमिकता स्वास्थ्य, शिक्षा, कृषि, जनानी, लईकालईकी, पर्यटन, भौतिक बिकास निर्माण के साथे गाँवपालिका मे साक्षरता अभियान चलाके जेष्ठ नागरिकलोग के भी नाम लिखे सकेवाला किसिम से साक्षर बनाके गाँवपालिका के साक्षर घोषणा करेके योजना रहल बतवनी ।
राजनीतिक समस्या के चलते गाँवसभा मे देरी भईल ई चलते विकास के काम आ जनतालोग के कामकाज समस्या हो रहला से गाँवसभा कईल बा । अब बिकास लगायत जनतालोग के कामकाज जलदी आ सहज होखेके बतवनी ।
अध्यक्ष चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस के महाधिवेशन प्रतिनिधि श्याम किसोर पटेल, भिखमपुर सशस्त्र प्रहरी के डिएसपी रिवाज दहाल, भिस्वा बिओपि के सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक मिन प्रसाद भटराई, वार्ड अध्यक्षलोग अबास मियाँ चुरिहार, राजकिसोर पटेल, देबेन्द्र पटेल, मनाउर मियाँ, कार्यापालिका सदस्य दिनेश कालवार, कार्यपालिका सदस्य, शिक्षा शाखा प्रमुख बृजकिशोर त्रिपाठी, ईन्जिनियर रबिभुषन पटेल, योजना शाखा प्रमुख पप्पु पटेल, लेखापाल धन्नजय दास, जिन्सी प्रमुख प्रदिप पटेल, प्रदिप गुप्ता, तेजेन्द्र माली, केशराज प्रसाद कुर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के सहजिकरण स्वास्थ्य शाखा प्रमुख संजय यादव कईले रहनी ।






