पृथ्वी जयन्ती के अवसर मे वीरगंज मे जुलुस

वीरगंज । नेपाल राष्ट्रबाद सघं, नेपाल बिद्धत परिषद्, शिव सेना नेपाल, देश भक्त राजभक्त समुह, बीर गोरखाली, राष्ट्रबादी नागरिक समाज, राष्ट्रिय संघर्ष समिती, राष्ट्रबादी शान्ती समुह, बिश्व हिन्दु महासंघ के संयुक्त आयोजना मे राष्ट्रनिर्माता पृथ्वीनारायण शाह के ३०४ वाँ जन्मजयन्ती एंव राष्ट्रिय एकता दिवस के अवसर मे वीरगंज मे जुलुस निकलले बा ।
वीरगंज के घण्टाघर चोक से ढोलबाजा सहित निकलल जुलुस माईथान अलखियामठÞ, घडिअर्वा पोखरा होत फेनु घण्टाघरमे पुगके कोणसभा मे परिणत भईल रहे । कोणसभा के सम्बोधन करत नेपाल राष्ट्रबाद संघ के केन्द्रिय अध्यक्ष जनकलाल शाह पृथ्वीनारायण शाह के बारे मे चर्चा करत जन्मजयन्ती के शुभकामना देत ई देश कउनो पार्टी भा नेता से चलावे ना सकेके दाबी कईले रहनी । कउनो भी पार्टी संगठन राजसंस्था आ हिन्दु राष्ट्र के खातिर करेवाला कार्जक्रम मे आपन–आपन सहभागिता जनावे खातिर सर्वसाधारणलोग के निहोरा कईले रहनी ।
उ अवसर मे रामनारायण साह, सतार अंसारी, पृथवी झा, अनु राणा, बिरेन्द्र थापा, दिपेन्द्र रौनियार, प्रेम सर्राफ, संगिता देबी साह, उमाशंकर प्रसाद, राजेन्द्र पाल, बजरंगी, बिष्णु कुमार दास, संतोष गुप्ता, अच्छेलाल साह, राजेश यादव, बिरेन्द्र साह तेली, परमेश्वर साह, पवन प्रसाद साह पृथ्वीनारायण शाह के जिवनी के बारे मे चर्चा करत जन्मजयन्ती के शुभकामना देत नेपाल मे राजतन्त्र के जरुरत रहल बिचार रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।