सनलाईट कलेज नगवाद्धारा फुड फेष्टिबल कार्जक्रम, सहभागीलोग कईलें सराहना
सनलाईट कलेज नगवाद्धारा फुड फेष्टिबल कार्जक्रम, सहभागीलोग कईलें सराहना

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज ०९ माघ, बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ नगवा मे रहल सनलाइट क्याम्पस मे अध्यानरत विद्यार्थीलोग आजु क्याम्पस परिसर मे फुड फेष्टिबल कार्जक्रम के आयोजना कईले बाडन ।
सनलाइट क्याम्पस के क्याम्पस प्रमुख डिके चौरसिया के अध्यक्षता तथा प्याब्सन महानगर अध्यक्ष राहुल श्रीवास्तव के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल उ फुड फेष्टिबल मे अनेकन नास्ता आ खाना के परिकारसब के स्टल राखल रहे ।
प्रमुख अतिथि श्रीवास्तव विद्यार्थीलोग के आपन प्रतिभा के अईसे हि पिल्ट फर्म अर्थात अवसर देके क्षमता देखावेके काम कईल जरुरी रहल बतवनी । निजी विद्यालय तथा निजी कलेजसब गुणस्तरीय शिक्षा संगे ब्यवहारीक शिक्षा के जरुरत रहला से अईसे फुड फेष्टिबल समय समय मे करत रहे खातिर श्रीवास्तव सुझाव देहले रहनी ।
एहितरे गौतम स्कुल के डाइरेक्टर सोनाम लामा विद्यार्थीलोग के प्रतिभा देखके बहुते खुशी लागल बतवनी । अब हरेक कलेज आ विद्यालयसब समय समय मे फुड फेष्टिबल करके विद्यार्थीलोग के अईसन सुनौलो अवसर देवे सकला पर उलोग के भबिष्य नेपाल मे हि सुनिश्चित करे सकेके बतवनी । सनलाइट कलेजद्धारा आयोजना कईल कार्जक्रम मे विद्यार्थीलोग अनेकन ३० परिकार से बेसी के स्टलसब रखले रहलन ।
जउना मे सेल रोटी, घोङी, पानी पुडी, मुर्गा के रोष्ट, चटपटे, अचार, चप लगायत के परिकार राखल रहे ।
उ अवसर मे क्यान महासंघ पर्सा के अध्यक्ष मनिष सिंह, जीवन ज्योति स्कुल के डाइरेक्टर शिवजी गुप्ता, गौतम स्कुल के डाइरेक्टर सोनम लामा, ओम नेशनल एकेडेमी के प्रिन्सिपल हरि श्याम ठाकुर, सनलाइट मावि के प्रिन्सिपल आलोक चौरसिया, पकाहामैनपुर गाँवपालिका के पुर्व प्रमुख बिजय चौरसिया, पत्रकार जगत राई, दिपक चौरसिया, कलेज के कोअर्डिनेटर राजन चौरसिया, प्याब्सन मधेस प्रदेश सदस्य इमामुदीन अहमद, शिक्षक बलराम श्रेष्ठ लगायत के विशेष उपस्थित रहल रहे ।
फुड फेष्टिबल मे राखल खाना के परिकारसब के अभिभावकलोग आ विद्यार्थीलोग खुब स्वाद लेके खईला के साथे सराहना कईले रहलन ।






