गाँव के आदमी के सहजोग मे सेना बुतवलख वन के आगलागी

गाँव के आदमी के सहजोग मे सेना बुतवलख वन के आगलागी

सर्लाही ०३ चईत

सर्लाही के चुरे क्षेत्र मे परेवाला आँपटार बस्ती नजिक आइल आगलागी स्थानीय के सहजोग मे नेपाली सेना निभवले बा । बस्ती ओरी फईलत गईल आगी दु दिन लगाके बुतवले बा ।

बागमती नगरपालिका–११ परेवाला आँपटार बस्ती लगेके हरिहरक्षेत्र आ पशुपति सामुदायिक वन मे लागल आगलागी बस्ती ओरी सुनगेके जोखिम बढला के बाद नेपाली सेना के भैरवीदल गण के सेना आ स्थानीय वासिन्दा मिलके आगी नियन्त्रण मे लेहले बा ।

साबेल माटी डालके तथा हरिहर स्याउला लगायत के सामान वन मे लागल आगी बुतावल गईल सेना जनवले बा । आगी नियन्त्रण के खातिर कर्मैया पोस्ट के कमाण्डर हस्त बहादुर थापा के कमाण्ड मे २५ जने सेना तथा बस्ती के गाँवके लोग के सहजोग मे आगी नियन्त्रण मे लेहल भैरवीदल गण के गणपति कर्णेल सूर्य वहादुर कार्की जानकारी देहनी । उनका मुताविक बस्ती हि जोखिम मे परल जानकारी अईला के बाद सेना परिचालन करके वन मे लागल आगी नियन्त्रण मे लेहले बा ।

सुक्खापन बढला सँगे जिल्ला के चुरेभेग मे परेवाला वन जङ्गल मे आगी लागल बा । कैयन जगहा मे वन उपभोक्ता समिति अगुवाइ करके आगलागी बुतावेके प्रयास कईला पर भी उलोग के नियन्त्रण से बाहर बा । फूलजोर बाबा साझेदारी वन, लालबन्दी साझेदारी वन, जानकीनगर साझेदारी वन मे लागल आगी अभी भी नियन्त्रण मे आवे सकल नईखे ।

वन क्षेत्र मे आगी नियन्त्रण के खातिर स्थानीय आ उपभोक्ता हि बेसी सक्रिय आ सचेत होखेके डिभिजन वन कार्यालय सर्लाही जनवले बा । वन क्षेत्र के जानकार रहल रजनीकान्त झा वन कार्यालय आ उपभोक्ता समिति दुनु जने आपन आपन जिम्मेवारी से हटेके खोजला पर वनसब मे लागल आगी नियन्त्रण मे आवे ना सकल बतवनी । उनका मुताविक वन मे लागल आगी से लकडी नोक्सान होखेके, बातावरण मे असर परेवाला भईला से डिभिजन वन कार्यालय हि बेसी सजग होखेवाला । झा सुक्खा मौसम मे वन हेरालु के संख्या दोब्बर करे खातिर वन कार्यालय तथा उपभोक्ता समिति के निहोरा कईनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।