सनलाईट कलेजद्धारा किलास ११ आ बिबिए के विद्यार्थीलोग के स्वागत

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज १२ माघ, बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ नगवा मे रहल सनलाइट कलेज के आयोजना मे शनिचर के दिने स्थानीय होटल भिस्वा मे किलास ११ आ बिबिए के विद्यार्थीलोग के स्वागत समारोह कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
सनलाइट कलेज के प्रिन्सिपल डिके चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे शिक्षा इकाई समिति के अधिकारी मोती प्रसाद भट्ट निजी कलेजसब शिक्षा क्षेत्र मे पुगावल योगदान के सरकार उच्च मुल्यांकन कर रहल बतवनी ।
सरकारी कलेजसब से अभी निजी कलेजसब मे विद्यार्थीलोग के संख्या उल्लेखनिय मात्रा मे बढ रहल बतावत ई कलेज मे अध्यापन कर रहल विद्यार्थीलोग उच्च शिक्षा मिलेके हम आशावादी रहल भट्ट बतवनी । कम समय मे ई कलेज बहुते उपलब्धि कईला मे हमरा खुसी लागल बतावत वीरगंज मे रहल ई सनलाइट कलेज के विद्यार्थीलोग बढिया नतिजा लियावेके आ उ कलेज के शिक्षक शिक्षिकालोग से बढिया शिक्षा देवेके आशा लेहल भट्ट बतवनी ।
स्वागत समारोह कार्जक्रम मे प्याब्सन मधेस प्रदेश सदस्य इमामुदीन अहमद, प्याब्सन पर्सा के पुर्व अध्यक्ष पुरन प्रधान, प्याब्सन सल्लाहकार हरि श्याम ठाकुर, प्याब्सन महानगर अध्यक्ष राहुल श्रीवास्तव, प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रिय सदस्य निरज पिठाकोटे मागर, जगत राई, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सह–सचिव अजय चौरसिया, नेपाल आदिवासी जनजाति पत्रकार महासंघ फोनिज पर्सा के अध्यक्ष मुनेशलायो मगर, मिरमिरे अनलाइन मधेस प्रदेश संयोजक दिपक चौरसिया, नेपाल ज्योति परिषद् के जिल्ला अध्यक्ष सुरेन्द्रनाथ तिवारी, बान के मधेस प्रदेश संयोजक आशिक अन्सारी, प्राध्यापक उमेश चौरसिया, शिक्षकलोग दिनानाथ साह, कोर्डिनेटर धनन्जय चौरसिया, वीर बहादुर पण्डित लगायत के उपस्थित रहल रहे ।
शिक्षक बलराम श्रेष्ठ से सहजिकरण कईल कार्जक्रम मे स्वागत मनतव्य कलेज के प्रिन्सिपल आलोक चौरसिया कईले रहनी । कार्जक्रम मे कलेज के शिक्षक, शिक्षिका तथा विद्यार्थीलोग के सहभागिता रहल रहे ।






