समय के सही उपयोग से सफलता के राह प्रो. परिचय दास

समय के सही उपयोग से सफलता के राह प्रो. परिचय दास

प्रो. परिचय दास

गुरुकुल विद्या, रामपुर (देवलास, मऊ) द्वारा आयोजित छात्र सम्मान समारोह में नव नालंदा महाविहार, नालंदा के आचार्य प्रो. रवींद्र नाथ श्रीवास्तव ‘परिचय दास’ विद्यार्थियन के संबोधित करत कहनी कि समय के सही उपयोग से कवनो लक्ष्य असंभव ना रहेला। छोट-छोट लक्ष्य बनाके मेहनत करीं।

समय बर्बाद करे वाला आदत से बाचीं, जइसन कि सोशल मीडिया पर बेकार में समय गँवावल या अनावश्यक आलस। रोज के एक योजना बनाके काम करीं। सफलता खातिर आत्मविश्वास जरूरी बा— “हम कर सकीला” के सोच अपनाईं। नैतिकता, ईमानदारी, सहानुभूति के पालन करीं। समाज अउरी देश के प्रति आपन जिम्मेदारी समझीं, पर्यावरण के रक्षा में योगदान दीं। आपन मातृभाषा अउरी लोकसंस्कृति के बचावे के जरूरत बा, काहे कि ग्लोबल बनला के साथ-साथ लोकल के ना भूलल जाए। सम्मानित भइल विद्यार्थीगु रुकुल विद्या, रामपुर (देवलास, मऊ) द्वारा २०२४ के सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता में १२०० से बेसी छात्र भाग लिहलन। सफल छात्र लोगन के सम्मानित कइल गइल।

विजेता छात्र प्रथम स्थान: प्रज्ञा (कक्षा ४), इंद्रावती (कक्षा ६), पियूष शर्मा (कक्षा ८), ईशा यादव (कक्षा १०), संजीव कुमार (कक्षा १२) द्वितीय स्थान:समरा (कक्षा ४), खुशी यादव (कक्षा ४), आर्यवीर (कक्षा 6), रामलखन (कक्षा 8), अनुराग (कक्षा 9), महेश राजभर (कक्षा 12), विवेक चौहान (कक्षा 6)तृतीय स्थान:आयुष चौहान (कक्षा ४), श्लोक शर्मा (कक्षा ४), नैतिक यादव (कक्षा ७), उज्जवल (कक्षा ७), दिव्यांश (कक्षा ८), दीपांजलि मौर्या (कक्षा १०), मनीषा यादव (कक्षा १२), अनमोल (कक्षा १२), अभिषेक कुमार (कक्षा १२) विशेष सम्मान:हिमांशु कुमार (कक्षा ६), जवन मुख्य अतिथियन के स्केच बना के भेंट कइनी। उनकर ई कला अद्भुत रहल, जवना खातिर उनुका सम्मानित कइल गइल।मुख्य अतिथि अउरी आयोजन समिति मुख्य अतिथि:प्रो. रवींद्र नाथ श्रीवास्तव ‘परिचय दास’ (अध्यक्ष, हिंदी विभाग, नव नालंदा महाविहार, संस्कृति मंत्रालय, भारत सरकार)माननीय यशवंत सिंह (पूर्व मंत्री, उत्तर प्रदेश सरकार) विशिष्ट अतिथि: जय भीम कुमार (जिला पंचायत सदस्य, मऊ)डॉ. अनूप सिंह (भूतपूर्व जनरल फिजिशियन, जिला अस्पताल, मऊ)श्री सुभाष (कंपोजिट विद्यालय, सलेमपुर)ई आयोजन के सफल बनावे में अजय गोकुल प्रजापति अउरी उनकर संस्था के शिक्षके लोगन के बड़का योगदान रहल।

गुरुकुल विद्या, रामपुर के संकल्प बा कि गरीब अउरी असहाय बच्चन के मुफ्त शिक्षा अउरी स्वास्थ्य सुविधा दिहल जाई। समारोह में शामिल गणमान्य लोग अउरी क्षेत्रवासी संस्था के ई संकल्प के सराहेनी अउरी एकरा के आगू बढ़ावे के आश्वासन दिहनी।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।