नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय पदाधिकारी आ पर्सेली संचारकर्मीलोग बिच बतकही

वीरगंज ०१ चईत,

नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय पदाधिकारी आ पर्सेली संचारकर्मीलोग बिच बतकही भईल बा ।
बारा के स्व. पत्रकार बिरेन्द्र साह के हत्या आरोप मे पकडाईल नरेन्द्र फौजदार उपर करावही के माग आ बारा के एसपी लगायत के टिम के बधाई देवे पुगल नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय उपाध्यक्ष विपुल पोखरेल नेतृत्व के टोली पर्सा के पत्रकारलोग से भी बतकही कईले बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के सभाहल मे भईल बतकही कार्जक्रम मे पत्रकार साह के हत्यारा के कउनो भी वहाना मे उनमुक्ति ना मिलो आ पत्रकार सुरक्षा आ दक्षता लगायत के विषय मे बतकही भईल रहे । छलफल मे पर्सेली पत्रकारलोग नयाँ पत्रकारलोग के दक्षता के खातिर महासंघ के ओरी तालिम के माग कईला के साथे पत्रकार के सुरक्षा के अवस्था नाजुक आ चुनौतिपूर्ण रहल बतवले रहलन ।

एहितरे पर्सेली पत्रकारलोग नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा से नयाँ सदस्यता के खातिर छानबिन समिति आ पत्रकार महासंघ पर्सा से प्रदेश के कईल सिफारिस मे अनियमित्ता भईल आरोप लगावत ओकरा के सँचियावे के माग कईले रहलन । पत्रकार महासंघ के मापदण्ड मुताविक दरखास्त देहल कुछ क्रियाशिल पत्रकारलोग सदस्यता के सिफारिस मे ना पडला से ओकरा के सँचियावे के माग कईले रहलन ।

पत्रकारलोग से कईल सवाल के जवाफ देत पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय उपाध्यक्ष पोखरेल सरकार लगानी करो आ पत्रकारलोग के तालिम देके दक्ष बनावे खातिर खुदसब चाहल माकिर अभी तक पत्रकार के दक्षता के खातिर सरकार से लगानी ना कईल बतवनी । संविधान से देहल अधिकार मुताविक प्रेस स्वतन्त्रता छिने ना देवेके दाबी कइनी ।

कार्जक्रम मे पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव रामप्रसाद दहाल सदस्यता वितरण के सवाल मे जिल्ला शाखा आ प्रदेश से चित्त ना बुझल क्रियाशिल पत्रकारलोग महासंघ केन्द्र तक पुगला पर न्याय मिलेके बतवनी ।

पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय कोषाध्यक्ष राजेश मिश्र, प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, सचिव गुरु प्रसाद गौतम, सदस्य जगत राई लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।