वीरगंज के क्यासिनो आ अस्पतालसब मे मुख्यमन्त्री सिंह के छड्के, एक जने पकडईलें
वीरगंज के क्यासिनो आ अस्पतालसब मे मुख्यमन्त्री सिंह के छड्के, एक जने पकडईलें

भोटा. संवाददाता
वीरगंज ०७ फागुन
मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सतिश कुमार सिंह वीरगंज मे सञ्चालन मे रहल क्यासिनोसब मे छड्के अनुगमन कईले बानी । बुध के दिने वीरगंज के निजी अस्पतालसब के अनुगमन के बाद मुख्यमन्त्री सिंह वीरगंज के दु गो क्यासिनो मे भी छड्के अनुगमन कईले बानी ।
वीरगंज मे अभी चार गो होटल मे क्यासिनो सञ्चालन मे रहल बा । उ मेसे बुध के दिने मुख्यमन्त्री सिंह वीरगंज के होटल दियालो लड्र्स मे सञ्चालित किङ्ग्स क्यासिनो आ होटल सुरज मे सञ्चालित फर्चुन सिटी क्यासिनो मे अनुगमन कईले बानी ।
होटल सुरज मे सञ्चालित फर्चुन सिटी क्यासिनो मे मुख्यमन्त्री सिंह अनुगमन करेके समय मे मिलल एक नेपाली नागरिक के नियन्त्रण मे लेके नेपाल पुलीस के जिम्मा भी लगावल मुख्यमन्त्री सिंह के प्रेस संयोजक मनोज मोरबैता जानकारी देहनी । नेपाल मे सञ्चालित क्यासिनो मे नेपाली नागरिक के जुवा खेलेमे प्रवेश निषेध रहल बा ।
दुनु क्यासिनो मे अनुगमन के समय मे मुख्यमन्त्री सिंह क्यासिनो सञ्चालन के खातिर सरकार से लेहल गईल इजजातपत्र, क्यासिनोमा जुवा खेले आवेवाला भारतीय ग्राहकलोग के आधार कार्ड, क्यासिनो के रिसेप्सन मे कईल ग्राहक के इन्ट्री रजिष्टर लगायत के कागजात एक एक करके जाँच कईले रहनी ।
वीरगंज के क्यासिनोसब मे नेपाली नाागरिक के निर्वाधरूप मे प्रवेश देहल जा रहल सिकाईत अईला के बाद हम अनुगमन कईल मुख्यमन्त्री सिंह बतवनी । दुनु क्यासिनो मे अनुगमन के समय मे जुवा खेले आवेवाला ग्राहक के बारे क्यासिनो के कर्मचारी से राखल विवरण मे गलती मिलल कहत उ पिछिलका एक महिना के ग्राहक के इन्ट्री विवरण, सिसिटिभी क्यामेरा के फुटेज, ग्राहक के विवरण लगायत के कागजात मुख्यमन्त्री कार्यालय मे पेस करे खातिर निर्देशन देहल गईल उ बतवनी ।
अनुगमन के समय मे दुनु क्यासिनो मे नेपाल सरकार से तोकल प्रावधान आ कानुन के कार्यान्वयन के अवस्था सन्तोषजनक ना मिलल उ बतवनी । उ कहनी, ‘हम दुनु क्यासिनो के सञ्चालक के बितल एक महिना के विवरण सहित के कागजातसब मँगले बानी । उ कागजातसब अईला के बाद अध्ययन करेम । जदि कानुनी प्रावधान ना पुगल मिलला पर प्रचलित कानुन मुताविक कारबाही होखी ।’
एहितरे मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सतिशकुमार सिंह वीरगंज के प्रतिमा चोक स्थित नेपाल इण्डो हस्पिटल एण्ड आई सेन्टर प्रालि के बन्द करे खातिर निर्देशन देहले बानी । मुख्यमन्त्री सिंह आजु वीरगंज के निजी अस्पतालसब के अनुगमन करेके समय मे नेपाल इण्डो हस्पिटल एण्ड आई सेन्टर से सञ्चालन स्वीकृति ना लेहल मिलला से अस्पताल बन्द करे खातिर निर्देशन देहले बानी ।
उ अस्पताल मे ईलाज करा रहल मरेजी के दोसर जगहा पठाके पूर्णरुप मे बन्द करे खातिर निर्देशन देहला के साथे आउर नयाँ कउनो भी मरेजी भर्ना ना करे खातिर मुख्यमन्त्री सिंह से कहल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के जनस्वस्थ्य अधिकृत संतोष ठाकुर बतवनी । मुख्यमन्त्री सिंह के नेतृत्व मे मधेश प्रदेश के स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के अधिकृत संतोष कुमार ठाकुर सहित के टोली वीरगंज के भवानी हस्पिटल से शुरु कईल अनुगमन प्रभु अस्पताल, आशाराम अस्पताल, सर्वोत्तम अस्पताल, इण्डो नेपाल अस्पताल, स्पर्श मल्टिस्पेसियालिटी अस्पताल लगायत के अस्पताल मे पुगल रहनी ।
अनुगमन के समय मे लिंक रोड मे रहल भवानी हस्पिटल आ बाईपास मे रहल स्पर्श मल्टिस्पेशलिटी हस्पिटल प्रालि के नविकरण ना कईला से नविकरण करे खातिर निर्देशन देहले बानी । प्रभु अस्पताल आ सर्वोत्तम अस्पताल संतोषजनक देखल गईल टोली के सदस्य ठाकुर बतवनी ।






