“आधुनिक भोजपुरी समालोचना” किताब के लोकार्पण आ बातचीत

“आधुनिक भोजपुरी समालोचना” किताब के लोकार्पण आ बातचीत

भोटा. संवाददाता

वीरगंज ०७ फागुन

भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगंज के आयोजना मे प्रतिष्ठान के सल्लाहकार एवं भाषा आयोग के सदस्य गोपाल अश्कद्धारा लिखल “आधुनिक भोजपुरी समालोचना” किताब के बुध के दिने लोकार्पण एवं बातचीत कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

वीरगंज–४ स्थित कन्या माध्यमिक विद्यालय के सभाहल मे आयोजना कईल उ कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि भारत बिहार के बरिष्ठ साहित्यकार प्रो. डा. हरिन्द्र हिमकर पुस्तक के अनेकन पक्षसब के बारे मे चर्चा एवं टिप्पणी कईले रहलन ।

पुस्तक के लेखक अश्क भोजपुरी, नेपाली आ हिन्दी भाषा मे अनेकन किताबस लिखके नेपाल एवं भारत मे ख्याति कमाईल चर्चा करत प्रमुख अतिथि हिमकर ई किताब नेपाली भाषा मे लिखल गईला पर भी भोजपुरी भाषा, कला, संस्कृति लगायत के विषयसब समेटल गईला मे खुसी जनवनी ।

भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगंज के अध्यक्ष अनिता साह के अध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे प्रतिष्ठान के सल्लाहकार प्रमोद पाण्डे “हेरम्ब”, डा. विश्वम्भर शर्मा आ कुमार सचितानन्द पुस्तक मे समेटल विषयवस्तुसब के बारे मे आपन बात एवं टिप्पणीसब रखले रहलन ।

उ अवसर मे अश्क भोजपुरी प्रतिष्ठान के अध्यक्ष साह के आपन लिखल करिब एक दर्जन किताब पुस्तकालय मे राखे खातिर देहले रहनी ।

उ अवसर मे अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन भारत के साहित्य मन्त्री गुलरेज सहजाद, नेपाल भोजपुरी समाज के अध्यक्ष ध्रुव सिंह ठकुरी, उपाध्यक्ष रितुराज पटेल, कलवार सेवा समाज के पूर्व अध्यक्ष इन्द्रदेव साह, सतिस चन्द सज्जल, अनिशकान्त कुश्वाहा, लेखिका अस्मिता पटेल, छोटेलाल साह एवं प्रतिष्ठान के सदस्यलोग, साहित्यकार, कलाकार, सञ्चारकर्मी लगायत के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।

प्रतिष्ठान के कार्य समिति सदस्य अमोद गुप्ता से स्वागत मन्तव्य राखल कार्जक्रम के सहजिकरण श्याम सर्राफ कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।