प्रकृति आ रिंकु के न्याय के खातिर वीरगंज मे प्रदर्शन

प्रकृति आ रिंकु के न्याय के खातिर वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज ०८ फागुन

भारत के ओडिशा राज्यस्थित किट विश्वविद्यालय मे शङ्कास्पद अवस्था मे मृत मिलल नेपाली विद्यार्थी प्रकृति लम्साल आ सिरहा के रिंकु सदा के खातिर न्याय मागत वीरगंज मे प्रदर्शन कईल बा ।

वीरगंज के घण्टाघर मे अनेकन स्कूल कलेज के विद्यार्थीलोग जम्मा होके हाथ मे ममबती बारके नगर परिक्रमा कईले रहलन । न्याय के खातिर घण्टाघर से हाथ मे ममबती बार के सुरु भईल जुलुस माईस्थान, आदर्शनगर, घडिअर्वा होत फेनु घण्टाघर मे पुगके समापन भईल रहे ।

उ अवसर मे विद्यार्थीलोग लम्साल आ सदा के के घटना मे निष्पक्ष छानबिन के माग कईले रहलन । जुलुस मे “प्रकृति आ रिंकु के के न्याय दे”, “दोषी उपर कारबाही कर”, “किट विश्वविद्यालय के अधिकारीलोग उपर कारबाही कर”, “नेपाली विद्यार्थीलोग के सुरक्षा ग्यारेन्टी कर” लगायत के नारासब लगवले रहलन ।

रिंकु अपहरण आ सामूहिक बलात्कार मे परल घटना गाँव मे मिलावे खातिर भईल पञ्चायती के बाद आपन घर मे बितल माघ ३० गते सँझिया फँसरी लटकल अवस्था मे मृत मिलल रहली ।

ओडिशास्थित किट विश्वविद्यालय मे अध्ययनरत नेपाली लईकी प्रकृति लम्साल रहस्यमय परिस्थिति मे मृत मिलल रहली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।