प्रकृति लम्साल के खातिर न्याय मागत विद्यार्थीद्वारा मौन जुलुस, सिडिओ के बुझवलें ज्ञापन पत्र

प्रकृति लम्साल के खातिर न्याय मागत विद्यार्थीद्वारा मौन जुलुस, सिडिओ के बुझवलें ज्ञापन पत्र

वीरगंज ०९ फागुन

भारत के ओडिशा राज्यस्थित किट विश्वविद्यालय मे अध्ययनरत नेपाली लईकी प्रकृति लम्साल के शङ्कास्पद मृत्यु के विरोध मे वीरगंज मे नेपाली विद्यार्थीलोग मौन जुलुस निकलले बाडन ।

न्याय के माग करत शुक के दिने कईल प्रदर्शन मे किट विश्वविद्यालय से निकालल गईल करिब ५० से बेसी विद्यार्थी सहभागी भईल रहलन । उलोग के वीरगंज के अनेकन निजी शैक्षिक संस्था के विद्यार्थीलोग भी साथ देहले रहलन । विरोध प्रदर्शन मे विद्यार्थीलोग हाथ मे करिया पट्टि बान्हके आ मुह मे करिया मास्क पहिनले रहलन ।

२० बरीस के प्रकृति लम्साल के फागुन ४ गते किट विश्वविद्यालय के छात्रावास मे शङ्कास्पद अवस्था मे लास मिलल रहे । घटना के सङ्कास्पद कहत नेपाली विद्यार्थीलोग विश्वविद्यालय प्रशासन विरुद्ध आवाज उठईला के बाद उलोग के दबाब देवेके आ कलेज से निष्कासित करेके काम भईल ।

विद्यार्थीलोग उपर भईल उहे अन्याय के विरोध करत विद्यार्थीलोग वीरगंज मे शान्तिपूर्ण रूप मे प्रदर्शन कईले बाडन । घण्टाघर चोक से सुरु भईल मौन जुलुस माईस्थान, आदर्शनगर, नगरपालिका चोक होत जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा तक पुगल रहे ।

विद्यार्थीलोग प्रमुख जिल्ला अधिकारी गणेश अर्याल आ पर्सा प्रहरी प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गौतम मिश्र के ज्ञापन पत्र बुझावत विद्यार्थीलोग विश्वविद्यालय प्रशासन के गैर जिम्मेवार रवैया आ अन्यायपूर्ण कारवाही के कडा विरोध करत उलोग प्रकृति लम्साल के मानसिक आ शारीरिक यातना देहला मे दोषी के कानुनी दायरा मे लियावेके माग करत नेपाली विद्यार्थीलोग के खातिर सुरक्षित वातावरण निर्माण करेमे जोड देहले रहलन ।

उ विश्वविद्यालय मे अईसन घटनासब फेनु ना होखो कहके कडा कदम चाले खातिर निहोरा करत किट विश्वविद्यालय मे जाए चाहेवाला नेपाली विद्यार्थीलोग के सुरक्षा के सुनिश्चितता, शैक्षिक भविष्य सुरक्षित राखेके प्रतिबद्धता, आ एकेडेमीक प्रक्रिया मे कउनो पक्षपात ना होखेके ग्यारेन्टी के माग कईले रहलन ।

विद्यार्थीलोग माग उपर ऐक्यबद्धता जनावत प्रमुख जिल्ला अधिकारी गणेश अर्याल ई विषय के सम्बन्धित निकाय मे पुगावेके प्रतिबद्धता जनवनी । उ विद्यार्थीलोग के न्याय के पक्ष मे हम दृढ रहल बतावत प्रकृति लम्साल के मृत्यु से सम्बन्धित छानबिन पारदर्शी रूप मे अगाडि बढावे खातिर नेपाल सरकार के ओरी से पहल करेके आश्वासन देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।