शिक्षा मे मन्त्रालय बराबर बजेट ना देहला से शिक्षाके गुस्तर बढे ना सकल : मन्त्री यादव
शिक्षा मे मन्त्रालय बराबर बजेट ना देहला से शिक्षाके गुस्तर बढे ना सकल ः मन्त्री यादव

प्रभु यादव
बारा २५ अगहन
बारा कलैया मे गोपाल सेवा समिति के ३२ वाँ बार्षिक साधारण सभा के प्रमुख अतिथि संघिय शिक्षा तथा स्वास्थ राज्यमन्त्री प्रमिला यादव मधेश प्रदेश के खातिर केन्द्रीय बजेट मे दु प्रतिशत विनियोजन कईला से शिक्षा के गुणस्तर घटते जारहल बतावले बानी ।
बजेट समानरूप मे बाडफाट ना कईला के शिक्षा के गुणस्तर बढे ना सकल, मधेश प्रदेश कर्णाली आ सुदुरपश्चिम प्रदेश अभितकले पुर्ण साक्षरता प्रमाणपत्र लेवे ना सकल मन्त्री यादव जनकारी करावले बानी । संघिय मे ३५ प्रतिशत स्थानिय मे ६५ प्रतिशत बजेट देहल गईला से प्रदेश पछाडी परल मन्त्री यादव बतावले रहनी ।
शिक्षा ऐन २०२८ के अनुसार अभितकले चलरहल बा जवना के कारण शिक्षा मे सुधार ना भईल मन्त्री यादव जनकारी करावले बानी । शिक्षा ऐन बनावेला तईयारी कईल गईल बा संसदिय समिति मे विशेष छलफल कर के बनावेके मन्त्री यादव बतावले बानी । शिक्षा विधेक के लेके मास्टर लोग कईले रहनी आन्दोलन जवना के सम्झौता भईल ओइसही विद्यार्थी, अभिभावक, मास्टर के हकहित मे रहके विधेयक लियावल जाई मन्त्री यादव बतावले बानी ।
संघिय सरकार आ राज्य मे रहल पार्टी सब जिम्मेवार ना भईला से शिक्षा निचे जारहल बा अनौपचारीक शिक्षा के बन्द कर के ना पढल लोग के पढेवाला माध्यम बन्द कईल गईल ना निमन रहल बा मन्त्री यादव सिकायत कईले बानी । अब जनता के साक्षर बनावे केबा त हरेक पालिका के वडा मे एगो सिकाई केन्द्र बनावे के जोर देहनी ।
गोपाल सेवा समिति हरेक जातजाती के समेट के कार्जक्रम मे हर पार्टी समाजिक लोग के जमघट करा के समाज मे रहल विकृती बालवियाह, बहुवियाह, लैगिङ्क हिंसा के हटावे के समाज मे सद्भाव राखे के कर रहल काम सराहनिय रहल आ हर समाज मे एहीलखा होखे के विश्वास रहल मन्त्री यादव बतावले रहनी ।
गोपाल सेवा समिति बारा शाखा के अध्यक्ष जगंबहादुर यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे मधेश प्रदेश के पूर्व अर्थ राज्य मन्त्री उषा यादव, पूर्व संसद राधेचन्द्र राय यादव, जसपा नेता एवम पूर्व प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु कुमार यादव, पूर्व बारा जिल्ला विकास समिति सभापति छठु यादव, राजेन्द्र यादव, प्रयाग यादव, मधेश प्रदेश सभा पूर्व सदस्य पारस साह, जसपा नेता रामकिशोर यादव, बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेलाल दास, पत्रकार अनिल गौरव लगायत के लोग समुदाय मे कुरीती हटावे के आ समाजिक सद्भाव कायम करत समाजिक क्षेत्र मे काम करेके बतावले रहनी ।
गोपाल सेवा समिति बारा शाखा के ओर से जिल्ला कार्य समिति मे सभे दिन सराहनिय कार्य करेवाला अउर समान जनक समाजिक कार्य मे काम करेवाला लोग के पगरी बाध के सम्मान कईले रहलन । गोपाल सेवा समिति बारा के उपाध्यक्ष रामधारी यादव से स्वागत कईल कार्जक्रम के सञ्चालन सचिव सुगदेव यादव कईले रहनी ।






