एन आईसी एशिया बैंक जनता के ठगरहल कहत वीरगंज मे बिरोध प्रर्दशन

एन आईसी एशिया बैंक जनता के ठगरहल कहत वीरगंज मे बिरोध प्रर्दशन

प्रभु यादव

बारा ११ फागुन

एन आईसी एशिया बैंक जनता के ठग रहल नागरिक बचाव अभियान के कार्जक्रम मे वक्ता लोग आरोप लगवले बाडन ।

पर्सा के वीरंगज मे विरोध जुलुस कर के घण्टाघर मे विरोध सभा कईले रहे । राष्ट्र राष्ट्रियता धर्म संस्कृती आ नागरिक बचाव महाअभियान नेपाल के आयोजना मे लालबगला से बायनर सहित के जुलुस निकाल के नगर परिक्रमा करत विरोध सभा कईले रहलन ।

मधेश प्रदेश ईन्चार्ज सानू पूर्वछाने मगर विरोध सभा के सम्बोधन करत सोझा साझा जनता के व्याज मे लगानी लगा के एन आईसी एशिया बैंक फँसारहल बतवले बानी । बारा के प्रसौनी निवासी जयप्रकाश साह के करोडो के जमिन आ घर लाख मे लिलाम कर के बेईमानी कईले बा मगर बतावले बानी ।

घरजमिन के रोका रहल जवना के सभी पईसा बैंक मे जम्मा कराके फिरता कर के राजनितिक मिलोमतो मे लिलाम कईल जगाधनी के फिर्ता करेला बतवले बानी । बैंक लिलाम कईल जमिन घर पईसा लेके फिर्ता करो ना त नागरिक बचाव अभियान के सभे लोग ताला लगा के बन्द करावेमे मजबुर होई मगर बतवले बानी ।

केन्द्रीय सदस्य अस्तकी मंसुर एन आई सी एशिया बैक जनता के व्याज मे पईसा लगा के ठगी कईले बा कहके बतवले बानी । पार्टी के नेता लोग बैंक जनता के ठग रहल अवाज ना उठावल बतवले बानी । दुर्गा प्रसाईं सभे गरिब के खातिर अगाडि बढल बा जवना से बैक के तनाव देवेला कईल काम कम भईल बा बतवले बानी ।

प्रसौनी गाँव के सत्यप्रकाश के घर जमिन करोडो के सम्पत्ति लाख मे लिलाम करा देहले बा मंसुर बतावले बानी । घर जमिन फिर्ता करेला कवनो कसर बाकी ना रही भ्रष्टाचार करेवाला लोग के अन्त्य कराके नागरिक बचाव अभियान रही मंसुर बतावले बानी ।

लघु बितिय खारिज कर, लुटल व्याज फिर्ता कर, एन आई सी एशिया बैक मुर्दावाद, करोडो के जमिन सुपथ मे लिलाम ना करे के परल, नागरिक मारेके ना परल नारा सहित के जुलुस निकालल गईल रहे ।

विरोध सभा मे पर्सा जिल्ला संयोजक राजेन्द्र दमई, रौतहट अध्यक्ष सिवदयाल यादव, बारा जिल्ला अध्यक्ष बलिराम हजारा लगायत के लोग आपन–आपन विचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।