पर्सा के पोखरिया मे नापी आ मालपोत कार्यालय के उदघाटन के बाद सेवा सुरु

पर्सा के पोखरिया मे नापी आ मालपोत कार्यालय के उदघाटन के बाद सेवा सुरु

वीरगंज १५ फागुन

पर्सा जिल्ला के दुसरका सदरमुकाम के रुप मे रहल पोखरिया नगरपालिका के सेमबारी चौक मे रहल सामुदायिक धर्मशाला के भवन मे नापी आ मालपोत कार्यालय बियफे से सञ्चालन मे आईल बा ।

पोखरिया नगरपालिका मे आयोजना कईल एक कार्जक्रम के बीच भूमि व्यवस्था सहकारी तथा गरिबी निवारण मन्त्री बलराम अधिकारी उ कार्यालय के उदघाटन कईले रहनी । मन्त्री अधिकारी ग्रामीण भेग के नागरिक के अब सहजता होखेके विश्वास व्यक्त कईनी । समय आ पईसा दुनु बँचेके बतावत उ पोखरिया के कार्यालय से सभी किसिम के सेवा उपलब्ध करावेके जानकारी करवनी ।

कार्जक्रम के सम्बोधन करत संघीय मामिला तथा सामान्य प्रशासन मन्त्री राजकुमार गुप्ता खुद चुनाव के समय के कईल प्रतिबद्धता के पुरा कर रहल बतवनी । पोखरिया मे नापी आ मालपोत कार्यालय लियावेके हम चुनाव के समय मे कईल बाचा के पुरा कईल उनकर कहनाम रहे ।

एहितरे नेपाल सरकार के कानुन न्याय तथा संसदीय मामिला मन्त्री अजय कुमार चौरसिया पोखरिया मे नापी शाखा आ मालपोत कार्यालय संचालन मे अईला के बाद सात पालिका के लाखो जनतालोग खुसी भईल बतवनी । ग्रामिण क्षेत्र से खेतबारी लगायत घर जमिन के काम करावे खातिर सदरमुकाम बीरगंज जाएके बाध्यता आ झनझट सहेके ना पडि कहनी । पोखरिया मे कार्यालय सञ्चालन मे अईला के बाद सहज, समय आ पईसा के बचत होखेके बतवले रहनी ।

भुमि ब्यवस्था तथा गरिबी निवारण मन्त्रालय के सचिव अरुण कुमार पोख्रेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे मधेश प्रदेश के भूमि व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्री जनार्दन सिंह क्षेत्री, युवा खेलकुद तथा समाज कल्याण मन्त्री प्रमोद जयसवाल, प्रदेश सभा सदस्यद्वय श्याम पटेल, बिना शर्मा, संविधानसभा सदस्य बिचारी यादव, पूर्व मन्त्री सुरेन्द्र प्रसाद चौधरी, पूर्व सांसद् हरिनारायण रौनियार, पोखरिया नगरपालिका के प्रमुख प्रधुमन चौहान, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी गणेश अर्याल, वीरगंज मालपोत कार्यालय प्रमुख अशोक भट्टराई, प्रहरी उपरिक्षक गौतम मिश्र, पोखरिया नगरपालिकाका प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत बिनय श्रीवास्तव लगायत के सहभागिता रहल रहे । पोखरिया मे सञ्चालन मे आईल नापी आ मालपोत कार्यालय से पोखरिया नगरपालिका सहित पकहाँ मैनपुर, छिपहरमाई, जगरनाथपुर, बिन्दवासिनी, कालिकामाई आ धोबिनीका गाँवपालिका के जनता के सेवा लेवेमे सहज होखेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।