बारा से २ किलो ४१ ग्राम अफिम सहित दु जने पकडईलें

बारा से २ किलो ४१ ग्राम अफिम सहित दु जने पकडईलें

वीरगंज २१ फागुन

बारा पुलीस बहुते परिणाम मे लागु औषध अफिम सहित दु जने के पकडले बा । विशेष सूचना के आधार मे कईल जाँच मे पुलीस २ किलो ४१ ग्राम अफिम सहित दु जने के पकडले बा ।

पकडाएवाला मे मकवानपुर राक्सिराङ गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ के सुनिल मोक्तान आ मकवानपुर भिमफेदी वार्ड नम्बर–३ के हर्क रुम्बा रहल बाडन ।

इलाका प्रहरी कार्यालय अमलेखगञ्ज से खटल टोली जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका –२१ से पकडल गईल बारा प्रहरी प्रवक्ता बिजयराज पण्डित बतवनी ।

उनका मुताविक हेटौंडा से वीरगंज ओरी आ रहल बागमती प्रदेश ०३–००३ प ३१२६ नम्बर के मोटरसाइकल से बरामद भईल बा ।

अफिम जईसन देखल जाएवाला पदार्थ बरामद भईला से पकडाईललोग के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के हिरासत मे राखके जरुरी अनुसन्धान चल रहल बारा पुलीस जानकारी देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।