गरुडा के १० निजी अस्पताल बन्द करे खातिर मुख्यमन्त्री सिंह के निर्देशन
गरुडा के १० निजी अस्पताल बन्द करे खातिर मुख्यमन्त्री सिंह के निर्देशन

रौतहट २३ फागुन
मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सतीशकुमार सिंह बियफे के दिने रौतहट के गरुडा आ शिवनगर मे सञ्चालित अनेकन निजी अस्पतालसब के छड्के अनुगमन कईले रहनी । अनुगमन के समय मे मापदण्ड विपरीत सञ्चालन मे रहल १० गो निजी अस्पताल बन्द करे खातिर उ निर्देशन देहले बाडन ।
गैरकानुनी रूप मे सञ्चालन मे रहल शिवनगर के आनन्द हस्पिटल एण्ड एक्युपञ्चर सेन्टर, गरुडा के अनामीका, रोमा, सरस्वती, सन सिटी लगायत के अस्पतालसब तत्काल बन्द करे खातिर निर्देशन देहल गईल बा ।
ई अस्पतालसब जरुरी स्वास्थ्य सेवा मापदण्ड पूरा ना करके सञ्चालन मे रहल, योग्य तथा दक्ष चिकित्सक ना भईल, अव्यवस्थित प्रयोगशाला तथा औषधि व्यवस्थापन के चलते जनस्वास्थ्य मे गम्भीर असर परेवाला भईला से कारबाही कईल मुख्यमन्त्री सिंह बतवनी ।
मुख्यमन्त्री सिंह अव्यवस्थित रूप मे सञ्चालन भईल स्वास्थ्य संस्थासब नागरिक के जीवन से खेलबाड करेके प्रवृत्ति बन्द करेके बतवनी । उ कहनी, ’स्वास्थ्य जईसन संवेदनशील क्षेत्र मे कउनो भी लापरबाही सह्य ना होखी । नागरिक के गुणस्तरीय स्वास्थ्य सेवा देवेके गैरकानुनी रूप मे सञ्चालन हो रहल अस्पतालसब जनता के स्वास्थ्य जोखिम मे पार रहल बा । अब से कउनो भी गैरकानुनी स्वास्थ्य संस्था सञ्चालन होखे ना दिआई ।’
मुख्यमन्त्री सिंह कानुन विपरीत सञ्चालन मे रहल मिलला से मापदण्ड पूरा कईला के बाद मात्र सञ्चालन करेके कहत उ नियम प्रक्रिया ना पुगे तक हस्पिटल बन्द राखे खातिर सञ्चालकलोग के पत्र थमवले रहनी ।
उ प्रदेश सरकार स्वास्थ्य सुधार के खातिर कटिबद्ध रहल आ एकरा के व्यवस्थित तथा नियमन करे खातिर कडाइ के साथ अगाडि बढेके बतवनी । साथे, उ आउर जिल्ला मे भी अईसन अस्पतालसब के अनुगमन के तेज बनावेके जानकारी देहनी ।
मुख्यमन्त्री सिंह के निर्देशन के बाद स्वास्थ्य सेवा निर्देशनालय, स्थानीय प्रशासन तथा सुरक्षाकर्मीलोग के जरुरी प्रक्रिया अगाडि बढावे खातिर निर्देशन देहल गईल बा । एकरा से पहिले भी प्रदेश सरकार अनेकन जगहा मे सञ्चालन मे रहल अवैध स्वास्थ्य संस्थासब बन्द करत आईल रहे ।






