नक्कली रोपेया कारोबार मे संलग्न रहल आरोप मे बारा पुलीस पाँच जने के पकडलख

बारा २७ भादो

बारा आ रौतहट से नक्कली नेपाली रोपेया के कारोबार करेवाला गिरोह के पुलीस पकडले बा ।

पुलीस नेपाली नक्कली रोपेया के कारोबार करेवाला ५ जने के पकडले बा । नेपाली नक्कली रोपेया कारोवार हो रहल जानकारी मिलला के बाद पुलीस के स्पेसल टास्क फोर्स शनिचर के सबेरे निजगढ पुगल रहे ।

पुलीस उलोग के बारा के निजगढ आ रौतहट के चन्द्रनिगाहपुर से नक्कली रोपेया सहित पकडले बा । पुलीस शनिचर के दिने निजगढ के होटल तारा इन से ४ आ रौतहट के चन्द्रनिगाहपुर से १ जने करके ५ जने के पकडले बा ।

उलोग निजगढ के तारा इन होटल मे दु दिन पहिले से हि रहत रहलन । उलोग के सूचना के आधार मे पुलीस रौतहट के चन्द्रनिगाहपुर से आउर १ जने के पकडले बा ।

पुलीस उलोगके साथ से नेपाली एक हजार दर के नक्कली आ सक्कली रोपेया मिला के राखल ९३ लाख रोपेया बरामद कईले बा । पकडाईल आदमीसब से प्रयोग करेवाला बा १४ च ९३८२ नम्बर के स्कार्पियो गाडी भी पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

पकडाईल पाँच जने के शनिचर के रात होटल तारा इन मे राखके एतवार के सबेरे मात्र बारा के कलैया स्थित जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे लिआईल बा । पकडाएवाला मे रौतहट गुजरा नगरपालिका–३ बलुवा टोल रहेवाला २४ बरीस के सुनिल कुमार राम, ३६ बरीस के रबिन्द्र कुमार चौधरी, बारा करैयामाई गाँवपालिका–५ के ३६ बरीस के विशेश्वरप्रसाद चौधरी, बारा कलैया उपमहानगरपालिका–९ रामपुर टोल रहेवाला २४ बरीस के सागर शुक्ला आ कलैया उपमहानगरपालिका–९ टेङरहर टोल घर भईल अभी बारा बिश्रामपुर गाँवपालिका–५ ईटियाही टोल रहेवाला २५ बरीस के राजु कुशवाह रहल बाडन ।

एहितरे ईलाका प्रहरी कार्यालय बिजयपुर लक्ष्मीनिया रौतहट से समन्वय करके सुनिल राम के घर मे तत्काल खानतलासी कईला पर नेपाली रोपेया १ हजार दर के नोट आकार के प्रतिगड्डी १०० थान भईल जम्मा ९३ गड्डी कागज, नेपाली रोपेया १ हजार दर के नोट ३९ थान आ बिआर ०५ क्यु ४६१० नम्बर के सुपर स्प्लेण्डर मोटरसाइकल आ प्रदेश २–०३–००१प ४२६५ नं. के २२० सिसि पल्सर मोटरसाइकल बरामद कईल प्रहरी उपरीक्षक दिपेन्द्र शाही बतवनी ।

पकडाईल उलालेग के मुद्रा सम्बन्धी कसूर (खोटा चलन) मुद्दा मे बारा जिल्ला अदालत से ७ दिन के म्याद थपले बा आ अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

काठमाण्डु स्थित प्रहरी प्रधान कार्यालय से नेपाल पुलीस के स्पेशल टास्क फोर्स शनिचर के सबेरे ९ बजे हि निजगढ आइल रहे । शनिचर के सबेरे से काठमाण्डु से आईल पुलीस टोली जिल्ला प्रहरी कार्यालय आ इलाका प्रहरी कार्यालय निजगढ के सहजोग मे होटल तारा इन मे अप्रेशन सुरु कईले रहे । सबेरे ९ बजे होटेल मे घुसल पुलीस सँझिया ७ बजे तक उहें रहे ।

होटल तारा इन के सन्चालक के मुताविक, पकडाईल मेसे कुछ आदमी जमिन के कारोबारी बन के दु गो कोठा बुक करके होटल मे रहल रहलन । उलोग ३ बरीस से हि होटल के नियमित ग्राहक रहलन ।ख

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।