हनुमान जयन्ती के शोभायात्रा मे भईल आक्रमण घटना : वीरगंज फेनु तनावग्रस्त, पुलीसद्धारा लाठीचार्ज

हनुमान जयन्ती के शोभायात्रा मे भईल आक्रमण घटना : वीरगंज फेनु तनावग्रस्त, पुलीसद्धारा लाठीचार्ज

वीरगंज ०२ बैशाख

वीरगंज के छपकैया मे धार्मिक सदभाव बिथोलल आरोप मे हिन्दु ओरी से दु आ मुस्लिम समुदाय के दु युवक के पुलीस मंगर के सँझिया पकडले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २ छपकैया के शेख खुर्शेद, जमुदिन ठकुराई, बलजित सिंह आ वार्ड नम्बर १६ नगवा रहेवाला रबि सर्राफ के पकडके जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे लियावल जनावल गईल बा ।

चार दिन अगाडि हनुमान जयन्ती के अवसर मे निकालल शोभायात्रा मे उच्छृङखल गतिविधि करत धार्मिक सदभाव बिथोलल अरोप मे चार जने के पुलीस नियन्त्रण मे लेहल पुलीस स्रोत जनवले बा ।

सिसिटिभि फुटेज, ड्रोन आ सामाजिक सञ्जाल के भिडियो विश्लेषण के आधार मे चार जने के पकडल गईल पर्सा प्रहरी प्रवक्ता किशोर लम्साल बतवनी । उनका मुताविक पुलीस से खटल विशेष टोली अनेकन जगहा से चारु जने के पकडले बा ।

हिन्दुवादी ओरी से दु युवक के पकडल बिरोध मे मंगर के रात जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा अगाडि पुगल हिन्दुवादी नेतालोग बिरोध जनवले रहलन ।

पकडाईल हिन्दु युवालोग के रिहाइ के माग करत जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा अगाडि धर्ना मे बईठल हिन्दु युवा नेतालोग के पुलीस लाठीचार्ज करके तितरबितर कईले रहे ।

उहे समय मे समाचार संकलन करे पुगल एभिन्यूज टेलिभिजन के पत्रकार अर्जुन गुप्ता के पथल लागके मुडि फुटल आ मध्य नेपाल सन्देश के पत्रकार अनिल ओझा के पुलीस के लाठी से गोड मे चोट लागके घायल भईल बाडन । घायल दुनु जने के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

पुलीस से लाठी चार्ज कईला के बाद वीरगंज के माहोल आउर तनावपूर्ण बनत गईल बा । मंगर के दिने हिन्दुवादी युवालोग घण्टाघर, घडीर्वा पोखरी लगायत जगहा मे टायर बारके बिरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।