मुस्लिम समुदाय के अगुवा जफर अन्सारी भड्काउ अभिब्यक्ति देहला मे पकडके कारवाही करे खातिर अध्यक्ष यादव के माग

मुस्लिम समुदाय के अगुवा जफर अन्सारी भड्काउ अभिब्यक्ति देहला मे पकडके कारवाही करे खातिर अध्यक्ष यादव के माग

वीरगंज ०२ बैशाख

हनुमान जयन्ती के दिन वीरगंज मे निकलल शान्तिपूर्ण शोभायात्रा में मईल आक्रमण घटना के निष्पक्ष छानविन तथा भड्काउ अभिव्यक्ति देवेवाला उपर कारवाही करे खातिर जनता समाजवादी पार्टी बीरगंज महानगर समिति के अध्यक्ष ईश्वर चन्द्र यादव माग कईले बानी।

अध्यक्ष यादव आपन सामाजिक सव्जाल फेसबुक मार्फत उ शोभायात्रा मे यतिमखाना से पथल चलाबल गईल बा आ दून्द्र अशोक वैद्य, मेयर, आरएसएस आ भारत के इसारा में भईल कहके व्यक्तिगत प्रतिष्ठा आ समाज भाडेके खोजेवाला मुस्लिम समुदाय के अगुवा कहाएबाला जफर अन्सारी के तत्काल पकडके कारबाही करे खातिर माग कईले बाडन ।

साथे उ घटना के विषय के लेके मंगर के संझिया जिल्ला पहरी कार्यालय अगाडी पुलीस के लाठीचार्ज से पत्रकार घायल भईल आ पुलीस हिन्दु युवालोग के मात्र पकडल कहके हिन्दु समाज के युवालोग विरोध जनईला पर पुलीस लाठीचार्ज कईला मे अध्यक्ष यादव आपत्ति जनवले बानी ।

“घटना मे संलग्न कउनो एक समुदाय लक्षित मात्र कारबाही चलावेके खोजला पर नतिजा भयावह हो सकता। समय मे निष्पक्ष छानविन करके दोषी के कारवाही करे खातिर हमनी जोडदार माग करत बानी” यादव लिखले बानी। मंगर के रात मे भी वीरगंज के अनेकन जगहा मे टायर बारके प्रदर्शन हो रहला मे शान्त वीरगंज के शान्ति कायम करावे खातिर सभी लागेके अध्यक्ष यादव निहोरा कईले बानी ।

केहु के भड्‌काउ अभिव्यक्ति से ई समय वीरगंज हि अशान्त बन सकता। ओहिसे संयमित बनके आपन अभिव्यक्ति दिं। समाज हि विथोलेबाला कपोकल्पित अभिव्यक्ति देवेवाला के पकडके कारबाही के दायरा मे लियावे खातिर यादव प्रशासन से जोडदार रुपमा माग कईले बानी।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।