संविधानसभा सदस्य यादवके निधन
संविधानसभा सदस्य यादवके निधन

बारा १८ असार
संविधानसभा सदस्य रामअयोध्या यादव के निधन भईल बा । बाराके सुवर्ण गाउँपालिका-२ कवही जगात गाउँ घर भईल यादवके ७२ वर्षके उमेरमे वीरगन्ज स्थित हेल्थकेयर अस्पतालमे उपचारके क्रममे बुधके दिन निधन भई बेटा डा. जितेन्द्र यादव बतईलन ।
यादव चिनी रोग से लमहर समयसे दुखित रहलन पीड । २०७० सालके दुसरा संविधानसभाके खातिर बारा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ से कांग्रेससे निर्वाचित भईल रहलन ।
उ कांग्रेसके पूर्व जिल्ला सचिव तअवर महासमिति सदस्य भि रह चुके बाडन । उनकर २ बेटा, २ बेटी आ र श्रीमती बाडी। यादवके अन्तिम संस्कार आजु गाउँमे होई परिवारके लोग जनकारी देहले बा लोग ।
उनकर अन्तिम दाहसंस्कार जन्मस्थल कवही गाउँमे दुपहर के १ बजे होई उनकर बौटा छाेरा डा. यादव बतईले ।






