नयाँ प्रविधि के ह्याचरी मेसिनद्धारा मुर्गी के बच्चा उत्पादन खातिर परिक्षण सुरु

अजय चौरसिया /
वीरगंज १२ भादो, वीरगंज महानगरपालिका कृषि तथा पशुपंक्षी व्यवसाय प्रवद्र्धन शाखा नयाँ प्रविधि के ह्याचरी मेसिनद्धारा मुर्गी के बच्चा उत्पादन खातिर परिक्षण सुरु कईले बा ।
बुध के दिने उ शाखा मातहत के कृषि शाखा प्रमुख रोशनी यादव, पशु शाखा प्रमुख संतोष ठाकुर पहिलका चरण मे ५७ गो अण्डा मेसिन मे डाल के सुरु कईले बानी ।
कडकनाथ आ सोनाली प्रजाति के ह्याचरी मेसिन मे डालल ५७ गो अण्डा २१ दिन के बाद बच्चा उत्पादन होखी कहके जनावल गईल बा । पहिले के प्रविधि मे करिब एक सय अण्डा डालला पर ५० से ६० प्रतिशत तक बच्चा उत्पादन होत रहे माकिर ई नयाँ प्रविधि के ह्याचरी मेसिन मे ९० प्रतिशत तक बच्चा उत्पादन होखेके पशु शाखा प्रमुख ठाकुर बतवली ।
आजु से सुरु भईल परिक्षण सफल भईला के बाद मुर्गी के बच्चा उत्पादन करके गाँव टोल मे समुह बनाके मुर्गी के बच्चा देहल जाई आ ओकरा से सर्वसाधारण के आय आर्जन मे सहजोग पुगी कहके कृषि शाखा प्रमुख यादव बतवली । ई नयाँ प्रविधि के ह्याचरी मे एक बेर मे करिब ३५२ गो बच्चा उत्पादन करेके क्षमता रहल यादव बतवनी ।
उ अवसर मे कृषि प्राविधिक प्रभु कुमार राम, पशु चिकित्सक डा. सुदिप शर्मा लगायत के कर्मचारीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।