सिम्रौनगढ नगरपालिका के सेवा ११ दिन से बन्द

वीरगंज ०७ कुवार
बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका आ उ मातहत के सभी कार्यालयसब मे ११ दिन से सेवा बन्द रहल बा । भादो २८ गते से कर्मचारीलोग नगरपालिका, नगर अस्पताल आ वार्ड कार्यालयसब मे सेवा बन्द कईले बाडन ।
नगरपालिका मातहत रहल नगर अस्पताल मे तोडफोड करेके आ कर्मचारी पिटेवाला दोषीलोग उपर कारवाही के माग करत कर्मचारीलोग नगरपालिका के कार्यालय, स्वास्थ्य संस्था, वार्ड कार्यालय आ नगरपालिका से देहल जाएवाला सभी सेवा बन्द कईले बाडन ।
नगरपालिका कार्यालय आ उ मातहत के सभी कार्यालयसब वितल ११ दिन से बन्द भईला पर सेवाग्राहीलोग समस्या मे पडल बाडन । साथे नगरपालिका के कार्यालय आ वार्ड कार्यालय से सम्बन्धित विकास निर्माण के कामसब भी प्रभावित भईल बा ।
भादो २८ गते सिम्रौनगढ नगरपालिका २ मौवाही के सतिस साह के १४ महिने बेटा के साँप काटला के बाद ईलाज के खातिर सिम्रौनगढ नगर अस्पताल मे लेगईल रहे । माकिर लईका के अवस्था गम्भिर भईला के बाद ईलाज के खातिर सदरमुकाम कलैयास्थित जिल्ला अस्पताल मे लियावे के समय रास्ता मे मृत्यु भईल रहे ।
समय मे ईलाज ना भईला से लईका के मृत्यु भईला मे आक्रोशीत आफन्त आ गाँवके लोग सिम्रौनगढ के नगर अस्पताल आ नगरपालिका कार्यालय मे तोडफोड कईले रहलन । लईका के लास सहित प्रदर्शन मे उतरल उलोग अस्पताल के स्वास्थ्यकर्मी, नगरपालिका के कर्मचारी के पिटले रहलन । कर्मचारी आ स्वास्थ्यकर्मी करके १२ जने घायल भईल रहलन । उ मेसे नगरपालिका के अपाङगता शाखा के कर्मचारी प्रयाग महतो सख्त घायल भईल रहलन । उनका के ३ दिन आइसियु मे राख के ईलाज कईल रहे ।
घटना भईल ११ दिन बितला पर भी दोषी उपर कारवाही के खातिर पुलीस से चासो ना देखावल नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत वीरेन्द्र कुमार साह बतवनी । खुदसब के माग पूरा ना होखे तक केहु भी कर्मचारी काम मे ना जाएके उ बतवनी । बितल मंगर के दिने प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापन पत्र बुझईला पर भी अभी तक कउनो सुनुवाई ना भईल उनकर सिकाईत बा । सिम्रौनगढ नगरपालिका के नगरप्रमुख विजय शंकर यादव घटना के छानबिन आ दोषी उपर कारवाही के खातिर स्थानीय प्रशासन आ पुलीस भी चासो ना लेहल बतवनी । बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक गौतम मिश्र अभी तक केहु के ना पकडल जानकारी देहनी । उ कहनी,‘ घटना के कारण का रहे ? के के संलग्न रहलन ? ई बारे मे पुलीस अनुसन्धान कर रहल बा ।






