सूर्या नेपाल से वीरगंज महानगर के कंप्यूटर-लैपटॉप समेत उपकरण सहजोग 

सूर्या नेपाल से वीरगंज महानगर के कंप्यूटर-लैपटॉप समेत उपकरण सहजोग

वीरगंज ११ असोज
वीरगंज महानगरपालिका के कार्यालय के फेर से संचालन आसान बनावे खातिर सूर्या नेपाल प्रा.लि. कंप्यूटर, लैपटॉप आ प्रिन्टर समेत कई गो विद्युतीय सामग्री दान कइलक।

पिछला भादो २४ तारीख के जनआंदोलन में महानगरपालिकाके भवन समेत सब भौतिक सामग्री लुटपाट, तोड़फोड़ आ आगजनी में नष्ट हो गइल रहे। ओहि घटना से महानगरपालिकाके रोजाना प्रशासनिक काम काज बहुत प्रभावित भइल रहे। एही स्थिति के ध्यान में राखत सूर्या नेपाल आपन सामाजिक उत्तरदायित्व (CSR) अंतर्गत दू गो कंप्यूटर सेट (यूपीएस सहित), दू गो लैपटॉप आ दू गो प्रिन्टर हस्तांतरण कइलक।

सामग्री हस्तांतरण कार्यक्रम में बोलत वीरगंज महानगर प्रमुख राजेशमान सिंह कहलन –
“ए कठिन परिस्थिति में सूर्या नेपाल के मिलल मदद बहुत महत्वपूर्ण बा। महानगर के रोजाना कामकाज सहज बनावे खातिर ई योगदान खास मायने रखेला। भविष्य मेंो सूर्या नेपाल आ महानगर बीच सहकार्य आ साझेदारी कार्यक्रम जारी रहे, ई हमार चाह बा।”

ओहि मौका पर सूर्या नेपाल प्रा.लि. के प्रभाकर विक्रम शाह कहलन –
“नगरपालिकाके सम्पत्ति जलल मतलब नागरिकनके सम्पत्ति नष्ट हो गइल। सब मिलके मदद करी त महानगर जल्दिये खड़ा हो जाई।”

साथही सूर्या नेपाल के उद्योग प्रमुख सुरेश काजी श्रेष्ठ कहलन कि “सामाजिक उत्तरदायित्व के तहत वीरगंज महानगर के मदद करे के मौका मिलल, ई हमरा लोग के खुशी के बात बा।”

कार्यक्रम में महानगर के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अरविन्द लाल कर्ण, सूर्या नेपाल के सीनियर मैनेजर यज्ञ आले समेत कई गनमान्य लोग के भि सहभागी रहलें।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।