जीवन सहारा बचत तथा ऋण सहकारी संस्था के १५ वां साधारण सभा सम्पन्न
जीवन सहारा बचत तथा ऋण सहकारी संस्था के १५ वां साधारण सभा सम्पन्न

बारा ३१ कुआर /प्रभु यादव
बारा के कलैया मे जीवन सहारा बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड के १५ वां सधारण सभा सम्पन्न भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि बारा बचत तथा ऋण सहकारी संघ के अध्यक्ष सत्येन्द्र ठाकुर सहकारी दु किसिम से सञ्चालन होरहल बा बतावले बानी । साहु लोग के सहभागिता मे पुजी के अधार मे आ दुसर सहकारी नियम अनुसार पुजी कम भईल माकिर विधि से सञ्चालन होरहल ठाकुर बतावले बानी ।
अभि के समय मे संघिय , प्रदेशिय , स्थानिय सरकार आ संघिय नियमन कान्वयन के जुधारूता से सहकारी सघर्ष करत सञ्चालन होरहल ठाकुर बतावले बानी । सहकारी प्राधिकरण नियमनकारी के नाम मे सोशण करेला काम अगाडि बढा रहल ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
सहकारी सभे के प्रारम्भिक संस्था के समस्या समाधान करेला ना सचियाई तब तकले प्राधिकरण मे ना आबध होकर के ठाकुर जनकारी करावले रहनी । समस्या समाधान ना कर के अगाडि बढी तब बचत तथा ऋण फोरम संघ गठन भईल बा ज्ञापन पत्र बुझावले बा ना करी तब छठ वाद मे आन्दोलन करे के ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
नेफस्कुन के सदस्य रहल संस्था के स्क्यान कार्जक्रम मे बल जवरदस्ती सहभागिता करावे मे लागल कार्य के संघ विरोध करहल ठाकुर बतावले बानी ।
बारा बचत तथा ऋण सहकारी के सचिव मनिन्द्र शर्मा बचत तथा ऋण सहकारी संस्था के शेयर धनी लोग बचत करेला आ ऋण समय मे तिरेला सुझाव देहले रहनी ।
समाजसेवी आ उत्कृष्ट बचत कर्ता सुरेश कुमार मोदक सहकारी मे रहल शेयर धनी लोग मेसे गरिब रहल लोग के शिपमुलक तालिम दिलवाके लगानी देके अगाडी बढे के खातिर योजना लेया के आयआर्जन बढावेके जनकारी करावले रहनी ।
वरीस भर मे बचत करे मे उत्कृष्ट रहल सुरेश कुमार मोदक आ कलपतिया देवी कल्वारीन आ उत्कृष्ट ऋणी ताजहान खातुन के अतिथी लोग से दोसला ओढा के समान कईल गईल रहल रहे ।
जीवन सहरा बचत तथा ऋण सहकारी के अध्यक्ष रामअधार ठाकुर के सभापतित्व उपाध्यक्ष रामनारायण यादव के स्वागत आ सचिव प्रभु प्रसाद यादव के सञ्चालन मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल रहल रहे ।
सञ्चालक समिति के प्रतिवेदन अध्यक्ष ठाकुर , लेखा परिक्षण प्रतिवेदन २करोड १६ लाख ६२ हजार चार सय ७७ रूपेया १० पैसा के आयव्य कोषाध्यक्ष महम्द स्वैय मंसुर आ लेखा समिति प्रतिवेदन संयोजक शैलेस यादव प्रस्तुत कईले रहनी ।