घरेलु दारु पियला से धनुषा मे ५ जने के मृत्यु, एक जने सिरियस

जनकपुरधाम ३० फागुन,

घरेलु दारु पियल पाँच जने के धनुषा मे मृत्यु भईल बा । जिल्ला के क्षीरेश्वरनाथ नगरपालिका–२, रमदैया मे बहुते दारु पियला के चलते ५ जने के मृत्यु भईल बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय महेन्द्रनगर के मुताविक मृत्यु होखेवाला मे ३५ बरीस के ब्रहमदेव यादव, ४० बरीस के विलास मण्डल, ६५ बरीस के गुद्री महरा, ३६ बरीस के रामनारायण महरा आ ३० बरीस के राजु महरा बाडन ।
बुध के दिने ३ जने के मृत्यु भईला मे बियफे के दिने आउर २ के भी मृत्यु भईल बा ।

सुरु मे कालगति से मृत्यु भईला पर भी शुक के दिने सबेरे अनुसन्धान कईला पर अत्यधिक दारु पियला से उलोग के मृत्यु भईल मिलला से इलाका प्रहरी कार्यालय महेन्द्रनगर के प्रहरी निरीक्षक पप्पु नायक जानकारी देहनी ।

“सुुरु मे कालगति से उलोग के मृत्यु भईल गाँवकेलोग बतवले रहलन,” प्रहरी निरीक्षक नायक कहनी कि, “फेनु दु जने के मृत्यु भईला के बाद हमनी घट्नास्थल मे गईला पर बहुते दारु पियला से उलो के मृत्यु भईल देखल गईल बा ।”

घरेलु दारु पियला से दोसर एक जने गम्भीर बेमार भईल बाडन । सिकिस्त बेमार २७ बरीस के इनरजीत महरा के घोपा क्याम्प धरान पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।

मृतक के लास के पोष्टमार्टम के खातिर प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम पठावल गईल प्रहरी निरीक्षक नायक बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।