मेयर बालेन शाह के पिता रामनारायण शाह के निधन
मेयर बालेन शाह के पिता रामनारायण शाह के निधन

काठमाडौं १५ अगहन
काठमाडौं महानगरपालिका के मेयर बालेन शाह पितृशोक में पड़ गइल बाड़ें। उनका पिता रामनारायण शाह के सोमबार मध्यान्ह निधन भ गइल।
बिरामी चलत रामनारायण शाह के नयाँ बानेश्वर स्थित सिभिल अस्पताल में उपचार भऽ रहल रहे। उहाँ के आइतवार अस्पताल ले जाइल गइल रहे आ ओह समये हालत गम्भीर बतावल गइल।
अस्पताल सूत्र के मुताबिक उपचार के दौरान सोमबार मध्यान्ह उहाँ दुनिया छोड़ देले।
“हिजओं जब अस्पताल ल्यावल गइल त होस में ना रहलें। स्थिति एकदम नाजुक रहे। आज उपचार क्रम में निधन भ गइल,” अस्पताल स्रोत से जानकारी मिलल।
स्रोत अनुसार रामनारायण शाह के पिसाब संबंधित संक्रमण भइल रहे, जे बाद में शरीर भरि फैल गइल। साथे मस्तिष्क परो भी असर देखाइल रहल।
आजहीं प्रधानमंत्री सुशीला कार्की अस्पताल पहुँचके मेयर बालेन शाह से भेट कइलीं आ रामनारायण शाह के स्वास्थ्य स्थिति बारे जानकारी लीहलिन।रामनारायण शाह के श्रीमती, दू गो बेटा आ एगो बेटी बाड़े। उहाँ आयुर्वेद डाक्टर रह चुकल बाड़ें।
स्रोत: सेतोपाटी संवाददाता
- एकरा से पहिले अलग आदमी के फोटो प्रकाशन भईला मे क्षमायाचना सहित सँचियावल गईल बा । – सम्पादक






