वीरगंज–२७ उदयपुर घुर्मी आ कुहडी में नेपाल जनता पार्टी के घरदैलो, ‘हर हर कमल–घर घर कमल’ के नारा गूंजल
वीरगंज–२७ उदयपुर घुर्मी आ कुहडी में नेपाल जनता पार्टी के घरदैलो, ‘हर हर कमल–घर घर कमल’ के नारा गूंजल

वीरगंज १९ माघ
पर्सा जिला क्षेत्र नं २ अंतर्गत वीरगंज महानगरपालिका वडा नं २७ के उदयपुर घुर्मी आ कुहडी टोल में आज नेपाल जनता पार्टी के घरदैलो कार्यक्रम संपन्न भइल। “एक भोट राष्ट्र खातिर”, “राष्ट्रीय एकता”, आ “हर हर कमल–घर घर कमल” के बुलंद नारा के साथ पार्टी नेता–कार्यकर्ता जनता से सीधे संवाद कइलें।
घरदैलो अभियान के दौरान युवा, महिला आ विद्यार्थी वर्ग के विशेष सम्मान दिहल गइल। कार्यक्रम में पार्टी के नीति आ कार्यक्रम पर चर्चा करत आर्थिक विकास, रोजगारी सृजन, धार्मिक पर्यटन के विस्तार, सनातन हिन्दू राष्ट्र नेपाल आ रामराज्य स्थापना के संकल्प दोहरावल गइल।
नेपाल जनता पार्टी के नेतासभ बतवलें कि भ्रष्टाचार मुक्त समाज, शिक्षा–स्वास्थ्य में सुधार, सुशासन, विकास आ सुरक्षा के साथे रोजगारी उपलब्ध करा के क्षेत्र के समृद्ध बनावल पार्टी के मुख्य लक्ष्य ह। स्थानीय जनता भी कार्यक्रम में उत्साहजनक सहभागिता जनवले आ पार्टी के नारा आ एजेंडा के समर्थन कइले।
घरदैलो अभियान से वडा नं २७ में चुनावी माहौल गर्माइल देखल गइल, आ नेपाल जनता पार्टी आपन जनसमर्थन मजबूत करे के दावा






