सप्तरी मे कोरोना से आउर एक जने के मृत्यु

राजविराज ३ भादो

सप्तरी मे मृत्यु भईल युवक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल राजविराजस्थित प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे मंगर के दिने मृत्यु भईल राजविराज नगरपालिका–४ के २८ बरीस के युवक मे कोरोना संक्रमण देखल गईल अस्पताल जनवले बा ।

निमोनिया पिडित होके राजविराजस्थित छिन्नमस्ता अस्पताल भर्ना भईल युवक के आउर ईलाज के खातिर बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान धरान पुगते मातर मंगर के दिने मृत्यु भईल रहे ।

धरान से राजविराज लिअईला के बाद मंगर के रात कोरोना संक्रमण के आशंका मे अस्पताल उनकर स्वाब संकलन कईले रहे ।

स्वाब संकलन के बाद अन्तिम संस्कार के खातिर परिवार के जिम्मा लगवले रहे । राजविराज मे लास के अन्त्येष्टि कईल रहे ।

बुध के रात उनकर परीक्षण रिपोर्ट पोजिटिभ आईल आ प्रत्यक्ष सम्पर्क मे रहल परिवार के सदस्य होम क्वारेन्टाइन मे रहल परिवार के एक सदस्य बतवले बाडन । एकरा सँगे सप्तरी मे कोरोना के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या ४ पुगल बा ।

बियफे के संक्रमण पुष्टि होखेवाला सप्तरी के आउर ३२ जने संक्रमित मेसे राजविराज–४ के २२ बरीस के पुरुष आ ३५ बरीस के जनानी मृतक के लगेके नातेदार रहल पडोसी जानकारी देहले बाडन ।

कोरोना के लक्षण देखल गईला के बाद स्वाब देहल कञ्चनरुप नगरपालिका–८ के ४५ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईला के बाद बुध के दिने उनकर परिवार सप्तकोशी व्यारेज मे अन्तिम संस्कार कईले बाडन ।

स्वास्थ्य कार्यालय आ स्थानीय तह के जानकारी ना देके दाह संस्कार भईला के बाद मात्र जानकारी मिलल स्वास्थ्य कार्यालय के निमित्त प्रमुख दुनियालाल यादव बतवनी ।

दामा के मरेजी रहल उनकर ईलाज के समय मे सावन ३० गते स्वाब संकलन कईला पर भी पीसीआर परीक्षण के रिपोर्ट आईल नइखे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।