रास्वपा छोडले क्षेत्रीय उपसभापति दिलीप पंडित राष्ट्रीय एकता दल में शामिल, विनय यादव कइलें स्वागत
रास्वपा छोडले क्षेत्रीय उपसभापति दिलीप पंडित राष्ट्रीय एकता दल में शामिल, विनय यादव कइलें स्वागत

बारा २४ माघ
बारा जिला के राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के क्षेत्र उपसभापति दिलीप पंडित पार्टी छोड़के राष्ट्रीय एकता दल में एक कार्यक्रम के बीच शामिल हो गइल बाड़न। राष्ट्रीय एकता दल के राष्ट्रीय अध्यक्ष विनय यादव उनकर टीका लगाके औपचारिक स्वागत कइलें।
कार्यक्रम के सम्बोधित करत अध्यक्ष यादव कहलें कि राष्ट्रीय एकता दल देश में राजनीतिक स्थिरता, सुशासन आ समग्र विकास के लक्ष्य बनाके चुनावी अभियान आगे बढ़ावत बा। ऊ बतवलें कि पार्टी के मुख्य चुनावी एजेण्डा में राष्ट्रीय एकता मजबूत बनावल, भ्रष्टाचार पर कड़ा नियंत्रण, युवा लोग खातिर रोजगार के अवसर पैदा कइल, कृषि आ उद्योग के बढ़ावा, शिक्षा आ स्वास्थ्य सेवा में सुधार, आ स्थानीय स्तर पर विकास के गति तेज कइल शामिल बा।
नवप्रवेशी दिलीप पंडित कहलें कि देश आ समाज के हित में नया राजनीतिक विकल्प के जरूरत महसूस करत ऊ राष्ट्रीय एकता दल में शामिल भइनी। ऊ जनता के अपेक्षा अनुसार काम करे के प्रतिबद्धता जतावत कहले कि आवे वाला चुनाव में पार्टी के मजबूती खातिर सक्रिय भूमिका निभइहें।
कार्यक्रम में मौजूद नेता–कार्यकर्ता लोग राष्ट्रीय एकता दल के एजेण्डा जनमुखी आ विकास केन्द्रित बतावत कहले कि आवे वाला चुनाव में पार्टी के प्रभाव जरूर बढ़ी। कार्यक्रम में अलग–अलग इलाका से आइल समर्थक आ कार्यकर्ता लोग के उल्लेखनीय उपस्थिति





