पर्सा इनरवा–१८ भवानीपुर में कांग्रेस उम्मीदवार अनिल रुंगटा के घर-घर जनसम्पर्क, जनसमर्थन देखाईल उत्साहजनक
पर्सा इनरवा–१८ भवानीपुर में कांग्रेस उम्मीदवार अनिल रुंगटा के घर-घर जनसम्पर्क, जनसमर्थन देखाईल उत्साहजनक

पर्सा २७ माघ
पर्सा क्षेत्र नं. १ से नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार आ प्रभावशाली नेता अनिल रुंगटा के नेतृत्व में बिरगंज महानगरपालिका अंतर्गत इनरवा–१८ भवानीपुर में चुनावी घर-घर जनसम्पर्क कार्यक्रम धूमधाम से सम्पन्न भइल बा।
घरदैलो अभियान के दौरान उम्मीदवार रुंगटा स्थानीय मतदाता सभ से सीधा संवाद करत आपन राजनीतिक प्रतिबद्धता, समावेशी विकास आ क्षेत्र के समग्र उन्नति से जुड़ल योजना सभ पर साफ धारणा राखलन।
उ कहलन कि जनताके जरूरत आ अपेक्षा के केन्द्र में रखके जिम्मेवार आ परिणाममुखी नेतृत्व देहल जाई।
कार्यक्रम में शामिल स्थानीय बासिन्दा, नेता आ कार्यकर्ता सभ आगामी चुनाव में रुख छाप पर मतदान करके अनिल रुंगटा के विजयी बनावे खातिर एकजुट रहे के अपील कइलन आ मजबुत समर्थन जतवलन।
घर-घर अभियान के दौरान देखाइल जनउत्साह, सक्रिय सहभागिता आ आपसी भरोसा से पर्सा क्षेत्र नं. १ में कांग्रेस के स्थिति अउरी मजबूत होत जाए के संकेत मिलल बा, सहभागी सभ के कहना रहल।
एह कार्यक्रम में नेपाली कांग्रेस पर्सा के कार्यवाहक सभापति रामनारायण कुर्मी, पूर्व सभापति अजय दिवेदी, क्षेत्रीय सभापति अरबिन्द गुप्ता, उपसभापति अनिल सिंह, सचिव हरि यादव, पूर्व क्षेत्रीय सभापति विजय सर्राफ, हरिन्द्र यादव, मिन्टु सिंह, जितेन्द्र पुरुष, मनोजा चौधरी, किरण सरकार, सुरेन्द्र लामिछाने, रामनिवास यादव समेत नेपाल विद्यार्थी संघ, तरुण दल के नेता, वरिष्ठ कार्यकर्ता आ स्थानीय अगुवा सभ के उल्लेखनीय मौजूदगी रहल।





