पर्सागढी–२ में रास्वपा प्रत्याशी सुशील कुमार कानु के घरदैलो, बदलाव के नारा संग जनसमर्थन उमड़ल

पर्सागढी–२ में रास्वपा प्रत्याशी सुशील कुमार कानु के घरदैलो, बदलाव के नारा संग जनसमर्थन उमड़ल

पर्सा २९ माघ

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर–२ अंतर्गत पर्सागढी नगरपालिका वडा नम्बर–२ के खेखरिया, झिँगण, छतुवन टाँडी आ कटानी टोल में राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के प्रतिनिधिसभा सदस्य पद के उम्मीदवार सुशील कुमार कानु के घरदैलो कार्यक्रम सम्पन्न भइल बा। प्रतिनिधिसभा चुनाव के ध्यान में रखके चलावल गइल एह कार्यक्रम में बुद्धिजीवी, ज्येष्ठ नागरिक, युवा, महिला आ किसान स्थानीयवासी लोग के भारी संख्या में सहभागिता आ उत्साहजनक समर्थन देखे के मिलल।

घरदैलो के दौरान स्थानीय लोग पर्सा–२ में बदलाव के चाहना व्यक्त करत कहलन कि एह बेर के मतदान से समाज में सकारात्मक परिवर्तन आई। बुद्धिजीवी, ज्येष्ठ नागरिक, युवा, महिला आ किसान सभे उम्मीदवार कानु के समर्थन जतावत बदलाव के उम्मीद देखवले बाड़न।

उम्मीदवार सुशील कुमार कानु स्थानीयवासी लोग से सीधा संवाद करत क्षेत्र के प्रमुख समस्या समाधान करे के प्रतिबद्धता दोहरवलन। ऊ पर्सागढी क्षेत्र में अस्पताल आ स्वास्थ्य सेवा सुधार, खेलकूद पूर्वाधार विकास, किसान लोग के समय पर मल आ सिंचाई खातिर पानी उपलब्ध करावे के विषय के प्राथमिकता में राखे के बात कहलन।

एह के साथे बेरोजगार युवा लोग खातिर स्थानीय स्तर पर पशुपालन सम्बन्धी प्राविधिक सीप तालिम देके रोजगार के अवसर सृजना करे के योजना भी सामने रखलन। निर्वाचित भइला के बाद आधारभूत समस्या सभ के चरणबद्ध तरीका से समाधान करे के भरोसा दिलवले बाड़न।

पर्सागढी–२ में सम्पन्न एह घरदैलो कार्यक्रम में रास्वपा नेता शर्फु आलम के अनुसार फिरोज मियाँ, समीर अन्सारी, धीरेन्द्र राउत, विनय कुमार ओझा, श्यामसुन्दर शाह, गंगा आचार्य, कविराज अर्याल, चन्द्रशेखर चौधरी सहित कई नेता आ कार्यकर्ता लोग के सक्रिय सहभागिता रहल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।