वीरगंज मे शनिचर से अनिश्चितकाल के खातिर निषेधाज्ञा

वीरगंज ०९ सावन
कोरोना संक्रमित के संख्या बढत गईला के बाद वीरगंज मे अनिश्चितकालिन निषेधाज्ञा जारी कईल बा ।
बिहान शनिचर से दोसर आदेश ना होखे तक के खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय निषेधाज्ञा जारी कईले बा ।
संक्रमित के संख्या बढत गईला के बाद वीरगंज मे निषेधाज्ञा के माग चौतर्फी रुप मे आवत रहे ।
प्रशासन शुक के दिने राजनीतिक दल से छलफल कईला के बाद निषेधाज्ञा लगावे के निर्णय मे पुगल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका क्षेत्र मे जरुरी स्वास्थ्य ईलाज बाहेक आउर काम मे सर्वसाधरण के घर बाहर निकले मे रोक लगावे के निर्णय भईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
निषेधाज्ञा लगावल समय मे मास टेस्टिङ के काम भी अगाडि बढावे के निर्णय भईल बा ।
सहायक प्रजिअ बस्नेत के मुताविक सुरु मे संक्रमित के सम्पर्क मे आईललोग के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ कईल जाई ।
उलोग के पीसीआर परीक्षण के बाद जोखिमपूर्ण जगहा मे चेकजाँच करेके निर्णय भईल बा ।
पीसीआर परीक्षण बढला के बाद संक्रमित के संख्या बढत जाए सकेवाला भईला से क्वारेन्टिन, आइसोलेनस मे सभी के राखल सम्भव ना होखेके निष्कर्ष बईठक से निकलले बा ।
कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल आदमीसब के घर मे होम क्वारेन्टिन सम्बन्धी मापदण्ड पुगी आ घर मे रहे देवेके निर्णय भी बईठक से कईले बा । माकिर ओकरा खातिर स्थानीय सुरक्षाकर्मी, स्वास्थ्यकर्मी आ जनप्रतिनिधि के प्रत्यक्ष निगरानी मे रहेके शर्त राखल गईल बा ।
“संक्रमित मिलल जगहा मे सिल करेके, होम आइसोलेसन मे राखेके ।
उद्योग प्रतिष्ठान के सिल करेके, उलोग के उहें आइसोलेटेड करेके,” कहत उ, “ओकर निगरानी सुरक्षाकर्मी, स्वास्थ्यकर्मी, स्थानीय तह आ जनप्रतिनिधि से करेके निर्णय भईल बा ।”
मास टेस्टिङ के समय मे मिलल लक्षण ना भईल संक्रमित के होम आइसोलेसन मे राखेके, लक्षण देखल गईल लोग के मात्र अस्थायी कोभिड अस्पताल मे लेजाएके आ आईसीयू आ भेन्टिलेटर के आउर व्यवस्था करेके निर्णय भी बईठक से कईल बस्नेत बतवनी ।
आउर जिल्ला आ भारत से आवेमे पूर्ण रोक
वीरगंज मे अब आउर जिल्ला से आ खास करके भारत से आवेमे पूर्ण रोक लगावल गईल बा ।
खास करके पडोसी देश भारत के बिहार मे संक्रमित के संख्या बढत गईला से ओईसन निर्णय कईल बा ।
“भारत से पूर्ण रुप मे प्रवेश मे रोक लगावल गईल बा । सुरक्षा निकायसब गस्ती पट्रोलिङ बढावेके, चोरालुका के प्रवेश कईल के नियन्त्रण मे लेके क्वारेन्टिन मे राखेके निर्णय भईल बा,” कहत बस्नेत, “नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस ना सकला पर सेना भी परिचालन करेके निर्णय कईल बा ।”






