पर्सा–१ में कांग्रेस प्रत्याशी अनिल रुङटा के समर्थन लहर तेज, झूठा वादा करे वाला नेता पर कड़ा प्रहार
पर्सा–१ में कांग्रेस प्रत्याशी अनिल रुङटा के समर्थन लहर तेज, झूठा वादा करे वाला नेता पर कड़ा प्रहार

पर्सा २९ माघ
पर्सा क्षेत्र नम्बर–१ में नेपाली कांग्रेस के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रत्याशी अनिल रुङटा के पक्ष में समर्थन के लहर तेजी से बढ़त जा रहल बा। बुध के दिन वीरगञ्ज महानगरपालिका–३२ टेडा में आयोजित भेटघाट कार्यक्रम में अलग–अलग पार्टी के नेता आ कार्यकर्ता लोग खुलकर रुङटा के समर्थन जनवले बाड़न।
मतदाता से भेंट के दौरान स्थानीय बासिन्दा लोग रुङटा से उम्मीद जतावत कहलन कि अब क्षेत्र के इमानदार, जवाबदेह आ जनता से लगातार जुड़ल नेतृत्व के जरूरत बा। पिछला चुनाव में कइल वादा पूरा ना भइला से जनता में निराशा बढ़ल बा, एह कारण से एह बेर विकास, रोजगार, शिक्षा, स्वास्थ्य आ पूर्वाधार पर ठोस काम करे वाला उम्मीदवार के समर्थन करे के बात कहल गइल।
कार्यक्रम में बोलत उम्मीदवार रुङटा वर्तमान राजनीतिक स्थिति पर कड़ा टिप्पणी कइलन। ऊ आरोप लगवलन कि कुछ पूर्व सांसद राजनीति के जनसेवा के माध्यम बनावे के बजाय निजी स्वार्थ खातिर इस्तेमाल कइले बाड़न। हर चुनाव में आकर्षक आ झूठा नारा देहल जाला, बाकिर व्यवहार में ठोस काम ना देखाए, चुनाव के बाद जनता से कइल वादा भुला देवे के प्रवृत्ति बढ़ल बा। समाज में शान्ति आ भाईचारा के बजाय विभाजन बढ़ावे के गतिविधि भी देखे के मिल रहल बा, ई बात ऊ कहलन।
रुङटा स्थानीय मतदाता से सीधा संवाद करत समावेशी विकास, पारदर्शी नेतृत्व आ क्षेत्र के समग्र उन्नति खातिर स्पष्ट योजना प्रस्तुत कइलन। जनता के जरूरत आ अपेक्षा के केन्द्र में राखके जिम्मेवार आ परिणाममुखी नेतृत्व देवे के प्रतिबद्धता दोहरवलन।
कार्यक्रम में मौजूद स्थानीय बासिन्दा, नेता आ कार्यकर्ता लोग आगामी चुनाव में रुख चुनाव चिन्ह पर मतदान कर के अनिल रुङटा के विजयी बनावे खातिर एकजुट होखे के अपील कइलन। घरदैलो अभियान में देखाइल जनउत्साह आ सक्रिय सहभागिता से पर्सा–१ में कांग्रेस के स्थिति मजबूत होत जाए के सहभागी लोग बतवलन।
एह अवसर पर नेपाली कांग्रेस पर्सा के कार्यवाहक सभापति रामनारायण कुर्मी, पूर्व सभापति अजय द्विवेदी, क्षेत्रीय सभापति अरबिन्द गुप्ता, उपसभापति अनिल सिंह, सचिव हरि यादव, पूर्व क्षेत्रीय सभापति विजय सर्राफ, नेपाल महिला संघ पर्सा के किरण शर्मा, हरिन्द्र यादव, मिन्टु सिंह, जितेन्द्र पुरुष, मनोजा चौधरी, किरण सरकार, सुरेन्द्र लामिछाने, रामनिवास यादव सहित नेपाल विद्यार्थी संघ, तरुण दल के नेता–कार्यकर्ता आ स्थानीय अगुवा लोग के उल्लेखनीय उपस्थिति






