हिन्दू राष्ट्र स्थापना खातिर राष्ट्रिय एकता दल के जीतपुर में चुनावी संपर्क कार्यालय उद्घाटन
हिन्दू राष्ट्र स्थापना खातिर राष्ट्रिय एकता दल के जीतपुर में चुनावी संपर्क कार्यालय उद्घाटन

बारा ३ फागुन
हिन्दू राष्ट्र के स्थापना के एजेन्डा के साथ आगे बढ़त राष्ट्रिय एकता दल बारा निर्वाचन क्षेत्र नं. ४ में आपन चुनावी गतिविधि तेज क देले बा। एह क्रम में जीतपुर में पार्टी के चुनावी संपर्क कार्यालय के स्थापना कइल गइल।
कार्यालय के विधिवत उद्घाटन बारा–४ के उम्मीदवार आ दल के अध्यक्ष विनय यादव तुलसी पूजन क के कइलन। उद्घाटन कार्यक्रम में स्थानीय नेता, कार्यकर्ता आ समर्थकन के उल्लेखनीय सहभागिता रहल।
कार्यक्रम के संबोधित करत विनय यादव कहलन कि हिन्दू राष्ट्र के पुनर्स्थापना, राष्ट्रिय एकता के मजबूती, सनातन संस्कृति के संरक्षण आ धार्मिक पहिचान के रक्षा पार्टी के मुख्य लक्ष्य बा। ऊ कहनी कि देश के वर्तमान परिस्थिति में सांस्कृतिक आ धार्मिक मूल्यन के बचावे खातिर संगठित अभियान जरूरी बा।
पार्टी के अनुसार बारा–४ में घरदैलो कार्यक्रम, टोल–टोल भेटघाट आ जनसंवाद के माध्यम से मतदाता तक आपन विचार पहुंचावल जा रहल बा। कार्यकर्ता लोग हिन्दू राष्ट्र स्थापना, धार्मिक पर्यटन के विकास, युवा सशक्तिकरण आ आर्थिक आत्मनिर्भरता जइसन मुद्दा के प्राथमिकता देवे के बात दोहरवलस।
कार्यक्रम के अंत में उपस्थित नेता लोग आगामी निर्वाचन में राष्ट्रिय एकता दल के पक्ष में मतदान करे के अपील कइलन।






