बढनिहार में ‘जय घण्टी’ के गूंज, सुशील कुमार कानु के घर–घर जनसम्पर्क तेज
बढनिहार में ‘जय घण्टी’ के गूंज, सुशील कुमार कानु के घर–घर जनसम्पर्क तेज

वीरगंज ७ फागुन
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ से प्रतिनिधिसभा सदस्य पद के उम्मीदवार सुशील कुमार कानु बढ़निहार, पर्सागढ़ी नगरपालिका–३ में जोरदार घरदैलो अभियान चलवले बाड़ें। राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के ओर से चुनाव लड़त कानु मतदाता लोग से सीधे भेटघाट क के ‘घण्टी’ चुनाव चिन्ह पर समर्थन देवे के अपील कइलन।
घरदैलो के दौरान स्थानीय बाशिंदन अस्पताल के अभाव, खेलकूद पूर्वाधार के कमी आ किसान लोग के सामने खड़ा मल आ सिँचाई संकट के मुद्दा उठवलन। एह पर प्रतिक्रिया देत कानु कहले कि ई क्षेत्र के मुख्य आधार खेती बा, एह से किसानन के समय पर मल आ पानी मिलल बहुत जरूरी बा। ऊ भरोसा दिहलन कि जीत हासिल भइला पर एह मुद्दन के प्राथमिकता में राख के ठोस पहल कइल जाई।
युवा वर्ग के लक्षित करत कानु स्थानीय स्तर पर पशुपालन संबंधी प्राविधिक तालिम चलावे, स्वरोजगार के अवसर बढ़ावे आ रोजगार सृजन पर जोर देवे के योजना सार्वजनिक कइलन। ऊ कहलन कि विदेश जाए के मजबूरी घटा के गांव-घर में ही संभावना पैदा कइल उनकर मुख्य लक्ष्य बा।
स्वास्थ्य आ शिक्षा के सवाल पर बोलत कानु प्रभावकारी अस्पताल प्रबंधन, आधारभूत स्वास्थ्य सेवा के सहज पहुँच आ शिक्षा के गुणस्तर बढ़ावे के पार्टी के प्रमुख एजेन्डा बतवलन। “जब तक जनता के आधारभूत जरूरत पूरा ना होई, तब तक विकास के बात अधूरा रही,” ऊ कहलन।
घरदैलो कार्यक्रम में बढ़निहार के ज्येष्ठ नागरिक, महिला, युवा आ किसान वर्ग के उल्लेखनीय सहभागिता देखल गइल। सहभागी लोग परिवर्तन के पक्ष में समर्थन जतावत एह बेर के मतदान से सकारात्मक बदलाव आई, एह पर विश्वास जतवलन। कार्यक्रम से बढ़निहार क्षेत्र में रास्वपा के बढ़त सक्रियता आ चुनावी माहौल के गर्माहट साफ नजर आइल।





