बिश्रामपुर–बरैनिया में गूंजल ‘छाता छाप’, जसपा नेपाल के चुनावी कार्यालय के भव्य उद्घाटन

बिश्रामपुर–बरैनिया में गूंजल ‘छाता छाप’, जसपा नेपाल के चुनावी कार्यालय के भव्य उद्घाटन

बारा ९ फागुन

बारा क्षेत्र नं. ४ के बिश्रामपुर–बरैनिया में जनता समाजवादी पार्टी, नेपाल खातिर चुनावी प्रचार–प्रसार कार्यालय के उद्घाटन धूमधाम से भइल। उद्घाटन समारोह के मुख्य अतिथि लोसपा नेता आ पूर्व मुख्यमन्त्री जितेन्द्र सोनल रहलें।

कार्यक्रम में जुटल भारी भीड़ “छाता छाप” के उम्मीदवार सन्जु साह के भारी मत से विजयी बनावे के आह्वान कइलस। समर्थक लोग के जोश देखे लायक रहल। सैकड़ों युवा मोटरसाइकिल रैली निकाल के क्षेत्र में चुनावी माहौल गरमा दिहलन।

रैली दौरान “छाता छाप जिंदाबाद” के नारा से पूरा इलाका गूंज उठल। सहभागी लोग कहलक कि स्थानीय स्तर पर युवन के सक्रिय भागीदारी से एह बेर चुनाव में जसपा नेपाल के स्थिति अउरी मजबूत होई।

समर्थकन के दाबी बा कि बिश्रामपुर–बरैनिया समेत पूरा क्षेत्र में जसपा नेपाल के पक्ष में लहर बन रहल बा, जवन आगामी निर्वाचन में सकारात्मक परिणाम दे सकेला।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।