प्रदेश २ से नेकपा–राजपा प्यानल विजयी

जनकपुरधाम ९ माघ,
प्रदेश २ मे राष्ट्रियसभा सदस्य के खातिर भईल निर्वाचन मे नेकपा–राजपा प्यानल विजयी भईल बा । बियफे के दिने भईल निर्वाचन मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) आ राष्ट्रिय जनता पार्टी नेपाल (राजपा) बीच के गठबन्धन बाजी मरले बा ।
नेकपा–राजपा के संयुक्त जनानी उम्मेदवार तुलसा दाहाल ५६८ मतान्तर से विजयी भईल बानी । नेकपा के दाहाल कूल पाँच हजार २०८ मत प्राप्त कइनी आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी नेपाली कांग्रेस के नगिना यादव चार हजार ६४० मत प्राप्त करके पराजित भईले बानी ।
नेकपा–राजपा नेपाल के दलित ओरी के उम्मेदवार राधेश्याम पासवान ५८८ मतान्तर से विजयी भईल बानी । नेकपा के पासमान पाँच हजार २९२ मतभार लिआईल बाडन आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी समाजवादी के रामप्रित पासमान चार हजार ७०४ मत लिआईल रहनी ।
एहितरे नेकपा–राजपा नेपाल के संयुक्त उम्मेदवार मृगेन्द्रसिंह यादव ८८८ मतान्तर से विजयी भईल बानी । राजपा नेपाल के उम्मेदवार यादव पाँच हजार ४०० मत लियईनी आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी समाजवादी पार्टी के अनिरुद्धप्रसाद सिंह यादव चार हजार ५१२ मत लिआईल रहनी ।
एहितरे अल्पसंख्यक तथा अपाङ्ग समूह से राजपा नेपाल के शेखरप्रसाद सिंह विजयी भईल बाडन । सिंह ९९० मतान्तर से विजयी भईल बानी । राजपा नेपाल के उम्मेदवार सिंह पाँच हजार ५०२ मत लिया के विजयी भईल बाडन आ उनकर प्रतिद्वन्द्वी नेपाली कांग्रेस के उम्मेदवार भोला पजियार चार हजार ५१२ मत लिअईनी ।






