६८ लाख के सामान सहित ट्रक पकडाईल

६८ लाख के सामान सहित ट्रक पकडाईल

वीरगंज ०८ चईत

करिब ६८ लाख मूल्य बराबर के भन्सार छली के सामान सहित ५ गो ट्रकसब पर्सा पुलीस पकडले बा । ६७ लाख ६१ हजार ५९४ मूल्य बराबर के भन्सार छली के सामानसब लोड रहल ५ गो ट्रकसब अलग–अलग जगहा से पुलीस पकडले बा ।

विशेष सूचना के आधार मे जाँच कईला पर ट्रकसब मे बरामद खाद्यान्न, खुद्रा सामान, प्याज, लत्ताकपडा, हार्डवेयर मोटर पार्टस तथा चक्लेटसब के बिल शंका लागला से पकडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के डिएसपी कुमार बिक्रम थापा बतवनी । वीरगंज महानगरपालिका–८ घण्टाघर से ना ३ ख ७६५६ आ प्र.३–०३–००१ ख ००९८ नम्बर के मालवाहक ट्रकसब से २९,४८,४१३ रोपेया के सामान मिलल बतवनी ।

एहितरे वीरगंज–२५ चण्डालचोक सडकखण्ड से १५ लाख ८४ हजार २१ रोपेया के कुर्ता सुरुवाल लोड करके काठमाण्डु ओरी जा रहल बिआर ०५ जि ९९९२ नम्बर के पिकअप पकडाईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ रजतजयन्ती चोक से ४ लाख रोपेया के हार्डवेयर मोटर पार्टस बेवारिसे अवस्था मे बरामद कईल पुलीस जनवले बा ।

पर्सा प्रहरी के प्रवत्ता थापा के मुताविक वीरगंज–९ रेल्वेरोड से ५२ लाख मूल्य बराबर के १० कार्टुन चकलेटसब पकडके वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल बा ।

एहितरे प्रहरी चौकी गण्डक से खटल टोली ना ३ ख ३७४ आ ना ३ ख ४८७७ नम्बर के ट्रकसब से खाद्यान्न तथा खुद्रा सामानसब १७ लाख ७७ हजार १६० मूल्य बराबर के मिलल पुलीस बतवले बा ।

बरामद सामान सहित ५ गो ट्रकसब के जरुरी कारवाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे बुझावल गईल पर्सा पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।