पिपरा गोल्ड कप मंगर के खेल मे सिमरा युनाइटेड जितल

प्रभु यादव÷
बारा २१ माघ,
बारा के करैयामाई गाँवपालीका के पंचगछीया खेल मैदान मे होरहल चउथका पिपरा गोल्डकप के मंगर के दिन भईल खेल मे शून्य के विरूद्ध एक गोल से सिमरा युनाइटेड जित हात परले बा ।
गोल्ड कप के सात वाँ दिन मोतिराजा युवा क्लव उदयपुर आ सिमरा युनाईटेड के बिच खेल भईल रहल । खेल मे पहिलका हाप के ३४ वाँ मिनेट मे सिमरा युनाईटेड के जर्सी १९ नम्वर के सुनिल राउत गोल से जित हासिल भईल ।
शून्य के विरूद्ध एक गोल से सिमरा युनाटेड विजयी भईल घोषण कईल गईल ।
खेलमे सिमरा युनाईटेड के सुनिल राउत म्यन अफ दि म्याच घोषित भईनी ।
गोल्ड कप के सृजनशिल युवा क्लव पिपरा आयोजना कईले बा । गोल्ड कप मे बध के दिन पहिला सेमी फाईनल बागमती युथ क्लव आ विरंगज युथ ऐकाडेमी के बिच पहिलका सेमी फाईनल होई आयोजक जनकारी करावले बा ।






