नयाँ आईल प्रमुख लोग से आश्वासन देहला पर भी कार्यान्वयन ना होला :- सञ्चारकर्मीलोग

प्रभु यादव
बारा २७ माघ,
बारा जिल्ला प्रहरी कार्यालय कलैया मे अबगे सरूवा होके आईल प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण प्रसाद पंगेनी स्थानिय सञ्चारकर्मीलोग से भेटघाट कईले बानी ।
भेटघाट कार्जक्रम मे पत्रकार लोग जब भी नयाँ प्रमुख लोग आवेला असवासन मात्र देवेला माकिर कार्यान्वयन ना होत अईला से कार्यान्वयन करे खातिर सुझाव देहले रहलन ।
प्रहरी उपरिक्षक कृष्णा प्रसाद पंगेनी पत्रकार लोग से भेट घाट मे बारा मे घराईसी हिंसा, जनानी हिंसा लगायत के घटना मे सुधार करे के दाबी कइनी । भारत से खुल्ला बोडर भईला से बारा मे अपराधिक घटाना बढेके सम्भावना रहला पर भी ओकरा के रोके खातिर भरमग्दुर प्रयास करेके बतवनी ।
संचारकर्मी लोग के निफिकिर होके समाचार लिखेवाला वातावरण बनावे मे कउनो कसर बाकि ना राखेके बतवनी । कार्जक्रम मे डिसपी गौतम मिश्र लगायत सञ्चारकर्मी लोग के सहभागिता रहल रहे ।






