समस्या पडला पर हमरा के कहीं :-प्रधानमन्त्री

काठमाण्डु २८ माघ,

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली सरकार तथा निजी क्षेत्र के साझा प्रयास से मात्र देश के समृद्धि सम्भव होखेके बतवले बानी । उद्योग वाणिज्य तथा आपूर्ति मन्त्रालयद्वारा आजु इहाँ आयोजना कईल ‘महत्वपूर्ण व्यावसायिक व्यक्ति’ (सिआइपी) सम्मान एवं सुशोभन समारोह के सम्बोधन करत उ सरकार निजी क्षेत्र सँगे सहकार्य करे खातिर तइयार रहल बतवनी । उ निजी क्षेत्र के समस्या आ असुविधा सम्बोधन करे खातिर सरकार तइयार रहल बतवनी ।

निर्यात व्यापार मे देखल गईल समस्या समाधान करे खातिर सरकार पहलकदमी लेहल उदाहरण देत उ कहनी कि, “कुछ समय से पहिले कसईली, अदुवा तथा पाम आयल के निर्यात मे समस्या रहे, अभी समस्या समाधान भईल बा, निर्यात के अनेकन क्षेत्र मे सरकार से सहजीकरण कर रहल बा ।”

उत्पादन वृद्धि, रोजगारी सिर्जना तथा आयात प्रतिस्थापन आ निर्यात अभिवृद्धि मे लागे खातिर निजी क्षेत्र के निहोरा करत प्रधानमन्त्री ओली सरकार के ओरी से निजी क्षेत्र के पूर्णरूप मे साथ रहेके विश्वास दिलवनी । राजनीति परिवर्तन के बाद देश आर्थिक समृद्धि के चरण मे रहल उल्लेख करत प्रधानमन्त्री ओली अब के प्रयास सुशासन र आर्थिक विकासमा केन्द्रित हुने बताउनुभयो ।

“अब हामी नयाँ मार्गमा उत्साहित भएका छौँ, सिङ्गो देश विकास के काम मे ना लाग के सुशासन आ विकास सम्भव नइखे”, कहत उ, “विकास आ समृद्धि के खातिर निजी क्षेत्र के सामूहिक सहजोग के जरुरत बा, सुशासन आ देश विकास मे हमनी के सामूहिक प्रयास करेके पडि ।”

विकास आ समृद्धि के मामिला मे सरकार आ निजी क्षेत्र के समान धारणा रहल उल्लेख करत प्रधानमन्त्री अब सुशासन मे भी एक मत होखेके बतवनी । सुशासन विकास आ समृद्धि के बाधक ना भईल प्रष्ट करत उ पारदर्शिता, स्वच्छता आ कानून के परिपालना करे खातिर निजी क्षेत्र के निहोरा कइनी ।

निजी क्षेत्र के लगानी मे सहजीकरण करे खातिर सरकार से अनेकन प्रयास अगाडि बढावल जानकारी देत प्रधानमन्त्री लगानी के वातावरण बनावल गईल बतवनी । “एकल विन्दु सेवा स्थापना कईल बा, लगानी के वातावरण बनावल गईल बा, बैंक, वित्तीय संस्था आ उद्योगी के बीमा उचित आ सन्तुलित सम्बन्ध होखो, सरकार आ व्यवासयीबीच भी सौहाद्र्रपूर्ण सम्बन्ध होखो कहके हमनी के चाहल बानी ।”

उ अवसर मे उद्योग, वाणिज्य तथा आपूर्ति राज्यमन्त्री मोतिलाल दुगड देश के आर्थिक समृद्धि मे निजी क्षेत्र के महत्वपूर्ण भूमिका रहल उल्लेख करत सिआइपी सम्मान से निजी क्षेत्र के मनोबल बढल बतवनी । देश के लगानी के वातावरण बनावे खातिर सरकार सदैव क्रियाशील रहल बतावत उ कहनी कि, “राज्य हरदम व्यवासयी के साथ मे बा, हमनी व्यापार–व्यवसाय करेमे कउनो व्यवधान आवे ना दिआई । उद्योगी व्यवसायी के मनोबल गिरे ना दि, निफिकिर होके लगानी करीं ।”

उद्योग, वाणिज्य तथा आपूर्ति मन्त्रालय के सचिव डा बैकुण्ठ अर्याल सम्मान से देश के अर्थतन्त्र के विकास मे लागे खातिर व्यवसायी के प्रोत्साहन मिलेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

कार्जक्रम मे सम्मानित व्यक्तित्व एवं नेपाल उद्योग वाणिज्य महासङ्घ के अध्यक्ष भवानी राणा सिआइपी सम्मान से व्यवसायी मे उत्साह थपाईल बतवनी । निजी क्षेत्र सरकार सँगे हाथेमालो करत चलल उल्लेख करत उ समृद्धि के यात्रा मे सहकार्य करे खातिर तइयार रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।